[the_ad_group id="30365"]

50 हजार टन राशन गरीबन के बांट नाइ पवलस यूपी सरकार, तीन बार केंद्र सरकार के ओर से बढावल गइल तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रधानमंत्री गरीब अन्न कल्याण योजना के तहत गरीबन के मिले वाला लगभग 50000 टन राशन प्रदेश भर में लैप्स हो गइल। एह गेहूं अउरी चावल के उठाने नाइ हो पावल। हैरत के बात ई बा कि एकरे खातिर भारत सरकार के ओर से तीन बेर तारीख बढ़ल लेकिन प्रदेश सरकार शत प्रतिशत उठान के व्यवस्था नाइ क पवलस। प्रदेश में दो योजना में तहत लाभार्थियन के राशन के वितरण हो रहल बा।

प्रधानमंत्री गरीब अन्न कल्याण योजना के तहत पूरा प्रदेश में राशन कार्ड धारकन के निशुल्क राशन के वितरण कइल जा रहल बा। 15 करोड़ से ज्यादा कार्डधारकन के एकर लाभ मिल रहल बा। हालांकि वितरण माहवार देरी से हो रहल बा लेकिन लगातार राशन बांटे के निर्देश दिहल जा रहल बा। बावजूद एकरे जून माह के सापेक्ष बंटाए वाले राशन में से 50000 टन गेहूं अउर चावल लोग के बांटले नाइ गइल।

सितंबर ले बढ़ल तारीख

सितंबर महीना ले भारत सरकार उठान के तारीख बढ़ा देहले बा। एकर अंतिम तारीख 31 अगस्त तय कइल गईल रहे लेकिन अब शासन एके बढ़ावत 30 सितंबर कs दिहल गइल बा। कहल गइल बा कि एह छूट के उपयोग बस तब्बे कइल जा सकsता जब वास्तव में एकर आवश्यकता होखे

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]