[the_ad_group id="30365"]

यूपी के 13 शहरन के सिटी डेवलपमेंट अउरी सिटी लॉजिस्टिक के योजना तैयार, जानीं जारी भइल शहरन के लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के लोग खातिर एगो बहुते बड खबर आ रहल बा। मीडिया खबर के अनुसार उत्तर प्रदेश के 13 शहरन में बेहतर सुविधा देवे खातिर सिटी डेवलपमेंट आ सिटी लॉजिस्टिक्स प्लान 15 सितंबर ले तइयार हो जाई। सरकार विकास प्राधिकरण के निर्देश दिहले बा कि तय समय में एकरा के उपलब्ध करावल जाव।

गोरखपुर, लखनऊ, वाराणसी, झांसी, मेरठ, मथुरा-वृंदावन, बरेली, मुरादाबाद, कानपुर, सहारनपुर, चित्रकूट, प्रयागराज आ आगरा के अलावा जारी 13 गो शहरन के सूची में शामिल कइल गइल बा।

राज्य के ए सभ शहर के योजनाबद्ध विकास अउरी व्यापारिक गतिविधि के बढ़ावा देवे खातिर आवास विभाग योजना तैयार करे के निर्देश देहले रहे, लेकिन ओकरा बादो सरकार के अभीन ले कवनो प्रस्ताव नईखे मिलल। लापरवाही पs नाराजगी जतावत विकास प्राधिकरणन के अधिकारी कहलें कि मुख्यमंत्री के छह महीना के कार्य योजना समेत नगर विकास योजना समय पर उपलब्ध करावल जाव.

ई हाल बा गोरखपुर के

एकर शुरुआती मसौदा गोरखपुर में सलाहकार तइयार कर दिहले बाने इ आश्वासन दिहल गइल बा कि 15 सितंबर ले उपलब्ध करावल जाई.

एकरा से का फायदा होई

शहर विकास योजना में शहर के प्रमुख क्षेत्र में कुछ विशेष काम शामिल कइल जा रहल बा, जवना से ओह लोग के आगंतुक के बेहतर सुविधा मिली। ई काम खास कर के ओह क्षेत्रन में कइल जाई जवन ऐतिहासिक आ धार्मिक महत्व से महत्वपूर्ण बा। एही तरे सिटी लॉजिस्टिक्स प्लान से एह सगरी शहरन में कारोबारी गतिविधियन के प्रोत्साहित कइल जाई आ साथही रोजगार के नया रास्ता खुल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]