[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में लैंड बैंक विस्तार में अउर तेजी लवलें में जुटल गीडा, प्राधिकरण शासन से जल्दिए नियुक्ति के मांग दोहवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर जिला के गोरक्षनगरी में ढ़ेर के औद्योगिक निवेश खातिर गोरखपुर औद्योगिक विकास प्राधिकरण (गीडा) लैंड बैंक बढ़वलें में अउर तेजी लावे खातिर कुछ नया प्रयासो शुरू कइलें बा। राजस्व कर्मियन के खाली पड़ल पद जल्द भरे के मांग शासन से दोहरावे के साथ ही समझौते के आधार पर किसानन से जमीन के बैनामा करावे खातिर 2 टीमे बनावल गइल बा।

प्राधिकरण के मुताबिक ई टीम गांव में जा रहल बा अउरी कास्तकारन से व्यक्तिगत तौर पर संपर्क क के बैनामा खातिर जरूरी प्रपत्र एकट्ठा कs रहल बीया। गीडा बोर्ड के 57वीं बैठक के जरिए गीडा में एसडीएम, तहसीलदार अउरी राजस्व कर्मियन के गीडा में तैनाती कइले के प्रस्ताव शासन के भेजल गइल रहल।

हाले में मुख्यमंत्री के अध्यक्षता में भइल औद्योगिक विकास प्राधिकरण के समीक्षा बैठक में भी एह मांग के उठावल गइल। साथ ही सीईओ गीडा के अधिकारियन अउरी कर्मचारियन के हिदायत दीहलें कि कौनो भी दशा में उद्यमियन के फाइल रुके के नाइ चाहीं।

गीडा सीईओ पवन अग्रवाल कहलें कि गीडा में लैंड बैंक बढ़ावे खातिर प्रयास अउर तेज कइल जा रहल बा। बैनामा करावे खातिर 2 टीम बनावल गइल बा। राजस्व कर्मियन के खाली पड़ल पद भी जल्दिए भरइले के उम्मीद बा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]