[the_ad_group id="30365"]

UP: डीजीपी देलें निरदेस- कांवड़ यात्रा मार्ग पs विशेष सतर्कता बरती, सुरक्षा के संगे यातायात बेवस्था करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डीजीपी प्रशांत कुमार महाशिवरात्रि पs कांवड़ यात्रा मार्ग के सुरक्षा के लेके विशेष सतर्कता बरते के निरदेस देले बाड़ें। सब एडीजी जोन, पुलिस कमिश्नर, आईजी रेंज आ जिलन के पुलिस कप्तानन के जारी दिशा-निरदेसन में कहलें कि सब थाना क्षेत्रन में महाशिवरात्रि कार्यक्रम के आयोजकन, शांति समितियन, शिविर प्रबंधकन आदि के संगे वरिष्ठ अधिकारी संवाद बनाके रखे लो।

संगही जलाभिषेक वाला धार्मिक स्थलन पs पुलिस प्रबंध कइल जाव आ एंटी सेबोटॉज चेकिंग के अलावे क्यूआरटी टीमन के स्ट्रेटेजिक प्वाइंट पs तइयार रखल जाव। कांवड़ यात्रियन के आवागमन के मार्गन, संवेदनशील मिश्रित आबादी वाला क्षेत्रन आ आउर महत्वपूर्ण स्थानन पs विशेष सतर्कता बरतल जाव।

सुरक्षा के संगे यातायात बेवस्थो कइल जाव। रात में कांवड़ यात्रियन के संगे कवनो मार्ग दुर्घटना ना होखे, एकरा खातिर विशेष पुलिस प्रबंध कइल जाव। वैकल्पिक मार्गन के चिह्नीकरण करत ट्रैफिक डायवर्जन करावल जाव। कांवड़ मार्गन आ धार्मिक स्थलन के आसपास पोस्टर पार्टी के सक्रिय रखल जाव। सोशल मीडिया के सब प्लेटफार्मन पs सतर्क दृष्टि रखल जाव।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]