[the_ad_group id="30365"]

यूपी बोर्ड के परीक्षार्थी 28 ले करा सकsतनें संशोधन, फिर वेबसाइट हो जाई बंद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी बोर्ड के हाईस्कूल अउर इंटरमीडिएट के परीक्षा में शामिल होखे वाले परीक्षार्थियन से कहल गइल बा कि ऊ 28 नवंबर तक अपने पंजीकरण में संशोधन करा सकतनें। एकरे बाद वेबसाइट बंद कs दीहल जाई।

जिला विद्यालय निरीक्षक अमरनाथ सिंह बतवलें कि जौन भी विद्यार्थी एह परीक्षा में शामिल हो रहल बा, अगर आवेदन में कौनो गलती हो गइल बा अथवा गलत प्रविष्टि हो गइल बा त ऊ 28 नवंबर ले संशोधन करा सकतनें। त्रुटियन में सुधार खातिर ई अंतिम अवसर ह। एकरे बाद आवेदन पत्र में भइल गलती में सुधार संभव नाइ होई।

ऊ संबंधित विद्यार्थियों से कहले बानें कि अपने विद्यालय के प्रधानाचार्य से मिलकर आवेदन पत्र के त्रुटि दूर करा सकतनें। प्रधानाचार्य अपने आईडी से वेबसाइट पर उनके ठीक करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]