[the_ad_group id="30365"]

IIM CAT 2022: आज आयोजित होई कॉमन ऐडमिशन टेस्ट; जानीं ड्रेस कोड, का करी आ का ना 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IIM CAT 2022: एह अतवार कैट परीक्षा में सामिल होखे जा रहल लाखन उम्मीदवारन खातिर महत्वपूर्ण अपडेट। भारतीय प्रबंध संस्थानन में संचालित होखे वाला अलग-अलग प्रबंधन पाठ्यक्रमन में अगिला साल दाखिला खातिर योग्य उम्मीदवारन के चयन खातिर कॉमन ऐडमिशन टेस्ट के आयोजन आज माने अतवार, 27 नवंबर 2022 के कइल जाई।

एह परीक्षा में सम्मिलित होखे खातिर जरूरी आवेदन कइल उम्मीदवारन के एडमिट कार्ड पहिलही जारी कइल जा चुकल बा। जे उम्मीदवार अभी तक आपन प्रवेश पत्र डाउनलोड नइखे  कइले, ऊ परीक्षा पोर्टल, iimcat.ac.in पs लॉग-इन कs के आ एडमिट कार्ड डाउनलोड कs सकत बा। उम्मीदवारन के  प्रवेश पत्र के संगे-संगे एग्जाम नोटिफिकेशन में दिहल गइल निर्देशन के पालन कइल आवश्यक होई, एमे से कुछ निम्नलिखित बा:-

  • कैट 2022 परीक्षा में सामिल होखे जा रहल उम्मीदवारन के मास्क पहिनल अनिवार्य होई। सर्दी के धेयान ध्यान में राखत बिना पाकिट वाला स्वेटर भा कार्डिगन, प्लेन पुलोवर, मोजा, आदि पहनला के छूट बा।
  • हालांकि, उम्मीदवारन के मोटे सोल वाला फुटवीयर भा जूतन के प्रयोग ना करे के चाहीं। बिना हील वाला सैंडल भा जूता पहिनला के छूट बा।
  • अपना साथे कवनो इलेक्ट्रॉनिक सामान, ब्लुटूथ डिवाइस, आदि मत ले जाई।
  • परीक्षा केंद्र में गॉगल्स, पर्स, हैंडबैग, बेल्ट, कैप आदि जइसन वस्तुअन के मत ले जाई।
  • डिजिटल घड़ी भा स्मार्ट घड़ी, कलाई घड़ी, कंगन, कैमरा, आभूषण आ धातु के वस्तु प्रतिबंधित बा।
  • परीक्षण प्रयोगशाला के अंदर कवनो आभूषण (भा धातु युक्त कवनो वस्तु), मोट तलवन वाला सैंडल/जूता आ बड़ बटन वाला वस्त्र मत पहनीं।

बता दी कि कैट 2022 परीक्षा 2-2 घंटन के तीन पालियन में आयोजित कइल जाई। जवन कि सबेरे 8.30 बजे, 10.30 बजे आ दुपहर 2.30 बजे सुरू होई। कैट क्वेश्चन पेपर में तीन सेक्शन होई। ई सेक्शन बा – क्वांटिटेटिव एप्टीट्यूड, वर्बल एबिलिटी आ रीडिंग कॉम्प्रीहेंशन एवं डाटा इंटप्रिटेशन आउर लॉजिकल रीजनिंग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]