[the_ad_group id="30365"]

UGC Big Reform: यूजीसी प्रमुख के बड़ बयान- चार बरिस के स्नातक के बाद सीधे हो सकी पीएचडी, मास्टर्स जरूरी ना होई 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UGC Big Reform in Varsity Education: विश्वविद्यालय अनुदान आयोग माने यूजीसी के चेयरमैन प्रोफेसर एम जगदीश कुमार बुध के कहलें कि चार बरिस के स्नातक डिग्री वाला छात्र अब सीधे पीएचडी कर सकत बा लो आ अब ओह लोग के आगे मास्टर डिग्री कइला के आवश्यकता ना होई। हाले में यूजीसी चार साल के कार्यक्रम के रूप में ऑनर्स डिग्री पाठ्यक्रमन के परिभाषित करत स्नातक पाठ्यक्रमन खातिर नया क्रेडिट आ पाठ्यक्रम के रूपरेखा के घोषणा कइले रहे।

अभी बंद ना होई तीन बरिस के स्नातक पाठ्यक्रम 

यूजीसी के अध्यक्ष प्रोफेसर एम जगदीश कुमार कहलें कि विश्वविद्यालय तीन आ चार साल के कार्यक्रमन के बीच चयन कर सकत बा। ऊ कहलें कि ई विश्वविद्यालयन पs छोड़ दिहल गइल बा कि ऊ का पढ़ावल चाहत बा आ कवन पाठ्यक्रम संचालित कइल चाहत बा। एह बारे में ऊ खुद छात्रन के मांग आ आवश्यकतन के आधार पर तय कर सकत बा। हालांकि, कुमार ई स्पष्ट कइलें कि चार बरिस के स्नातक कार्यक्रम पूरा तरे से लागू होखला तक तीन बरिस के स्नातक पाठ्यक्रम बंद ना कइल जाई।

दु गो प्रमुख पाठ्यक्रम एक साथे कइल जा सकी

चार साल के स्नातक कार्यक्रम के फायदा गिनावत यूजीसी प्रमुख कहलें कि छात्रन के पीएचडी कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर मास्टर डिग्री करे के जरूरत नइखे। ऊ कहलें कि पहिला फायदा ई बा कि ऊ पीएचडी कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर मास्टर डिग्री करे के जरूरत नइखे। ऊ लोग कवनो दिहल गइल डिसिप्लिन के गहन ज्ञान हासिल करे भा एक्सपर्टाइज खातिर एगो चाहे दु गो प्रमुख पाठ्यक्रम ले सकेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]