Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

JEE Main 2023 Notification: NTA जारी कइलस जेईई मेन परीक्षा के नोटिफिकेशन, jeemain.nta.nic.in पs अइसे करी रजिस्ट्रेशन

611

JEE Main 2023 Exam Notification: इंजीनियरिंग कॉलेज में एडमिशन खातिर होखे वाला परीक्षा ज्वाइंट एंट्रेंस एग्जाम 2023 (जेईई मेन) के नोटिफिकेशन जारी हो चुकल बा आ एह संबंध में आधिकारिक वेबसाइट jeemain.nta.nic.in पs अपडेट जारी कइल गइल बा।

अब उम्मीदवारन के ओर से रजिस्ट्रेशन आधिकारिक वेबसाइट पs कइल जा सकत बा। नोटिस के अनुसार, संयुक्त प्रवेश परीक्षा (जेईई (मुख्य) में दु पेपर सामिल बा। एह परीक्षा से कइयन for प्रतिष्ठित सरकारी आ गैर सरकारी संस्थानन में प्रवेश के अलावे जेईई एडवांस परीक्षा देवे के पात्रतो मिलेला।

एहमे पेपर 1 (बी.ई./बी.टेक) जवन एनआईटी, आईआईआईटी आ आउर संस्थानन में अंडरग्रेजुएट इंजीनियरिंग प्रोग्राम (बी.ई/बी.टेक) में प्रवेश खातिर आयोजित कइल जाला। एकरा अलावे केंद्रीय रूप से वित्तपोषित तकनीकी संस्थान (सीएफटीआई) में भाग लेवे वाला राज्य सरकार के ओर से मान्यता प्राप्त संस्थान/ यूनिवर्सिटी में एकरे माध्यम से प्रवेश दिहल जाला।

जेईई मेन के ई परीक्षा जेईई (एडवांस्ड) खातिर पात्रता परीक्षो हs, जवना से आईआईटी में प्रवेश लिहल जा सकेला। पेपर 2 बी.आर्क आ आउर कुछ प्रवेशन खातिर आयोजित कइल जाला।  एह नोटिफिकेशन के देखे खातिर इहां बतावल गइल अपडेट्स के चेक आ फॉलो कइल जा सकत बा।

जेईई मेन 2023 नोटिफिकेशन – JEE Main 2023 Notification

  1. आधिकारिक वेबसाइट – jeemain.nta.nic.in पs जाई।
  2. नीचे स्क्रॉल करी आ जेईई मेन 2023 एप्लिकेशन के लिंक पs क्लिक करी।
  3. पहिले खुद के रजिस्टर करी आ फेर विवरण भरी।
  4. फीस के भुगतान करी आ फॉर्म जमा करी।
  5. फॉर्म डाउनलोड कs के एगो कॉपी अपना लगे रख लीं।

JEE Main 2023 Dates: जेईई मेन परीक्षा से जुड़ल जरूरी डेट्स

ऑनलाइन सब्मिशन खातिर आवेदन 15 दिसंबर से 12 जनवरी, 9 pm ले
फीस जमा करे के लास्ट डेट 12 जनवरी रात के 11.50 pm ले
जेईई मेन एग्जाम खातिर सिटी अलॉटमेंट जलदिये घोषित कइल जाई
NTA के वेबसाइट से एडमिट कार्ड डाउनलोड घोषणा जल्दी
परीक्षा के डेट्स 24, 25, 27, 28, 29, 30 आ 31 जनवरी 2023

 

जेईई मेन्स परीक्षा 2023 खातिर जारी कार्यक्रम के मोताबिक, पहिला सेशन जनवरी में सुरू होई जबकि दूसरा सेशन अप्रैल में आयोजित कइल जाई।

411440cookie-checkJEE Main 2023 Notification: NTA जारी कइलस जेईई मेन परीक्षा के नोटिफिकेशन, jeemain.nta.nic.in पs अइसे करी रजिस्ट्रेशन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.