[the_ad_group id="30365"]

ICAI Exam: सीए फाउंडेशन दिसंबर परीक्षा आजु से शुरू, परीक्षा से पहिले पढ़ीं ई गाइडलाइन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईसीएआई सीए फाउंडेशन परीक्षा 2022 आजु 14 दिसंबर, 2022 से शुरू होइहें। इंस्टीट्यूट ऑफ चार्टर्ड अकाउंटेंट्स ऑफ इंडिया (ICAI) अपने आधिकारिक वेबसाइट पर सीए फाउंडेशन दिसंबर 2022 परीक्षा के कार्यक्रम जारी कs दिहले बा। जौन उम्मीदवार लोग दिसंबर परीक्षा खातिर अर्जी डरले रहनें, ऊ सीए दिसंबर फाउंडेशन परीक्षा 2022 के पूरा शेड्यूल अब ऊ आधिकारिक वेबसाइट-onicaiexam.icai.org से डाउनलोड कs सकतनें।

परीक्षा के कार्यक्रम

सीए फाउंडेशन परीक्षा पेपर 1 आजु, 14 दिसंबर, 2022 के दूपहर दू बजे से आयोजित होई। परीक्षा साँझ के पाली में ऑफलाइन मोड में, भारत में नामित परीक्षा केंद्र अउर आठ विदेशी केंद्र पर आयोजित कइल जाई। एहसे पहिले, आईसीएआई सीए फाउंडेशन खातिर शेड्यूल जारी कइले बा, जेकरे अनुसार परीक्षा चार दिन में जौन 16, 18 अउर 20 दिसंबर, 2022 के आयोजित होखे के बा।

उम्मीदवार कुल चार पेपर खातिर उपस्थित रहिहें। उम्मीदवारन के लग्गे प्रश्न के उत्तर देवे खातिर अंग्रेजी चाहे हिंदी भाषा चुनले के विकल्प होई। सीए फाउंडेशन परीक्षा के योजना के अनुसार, पेपर 1 अउर पेपर 2 में कौनो नकारात्मक मार्किंग नाइ होई जौन सब्जेक्टिव पेपर ह। हालांकि, ऑब्जेक्टिव टाइप पेपर 03 अउर पेपर 04 में 0.25 अंक निगेटिव मार्किंग लागू होई।

परीक्षा के दिन ले जावे वाला जरूरी सामान

  • आईसीएआई सीए फाउंडेशन एडमिट कार्ड 2022
  • काला/नीला बॉल पेन, पेंसिल, इरेजर, आदि।
  • सरकार द्वारा जारी पहचान पत्र (आधार कार्ड, पैन कार्ड, मतदाता पहचान पत्र, पासपोर्ट, आदि)
  • एनालॉग घड़ी

ई होई गाइडलाइन

  • उम्मीदवारन के सीए फाउंडेशन एडमिट कार्ड 2022 के एक प्रति अउर सरकार द्वारा जारी वैध आईडी कार्ड ले जाए के होई।
  • परीक्षा के दिन, उम्मीदवारन के परीक्षा शुरू होखले से 15 मिनट ले परीक्षा हॉल में घुसले के अनुमति दीहल जाई।
  • उम्मीदवारन के परीक्षा शुरू होखले से पहिले 15 मिनट प्रश्नपत्र पढ़े के समय दिहल जाई।
  • एकरे अनुसार दूपहर 1:45 बजे प्रश्नपत्र अउर दोपहर दू बजे उत्तर पुस्तिका बाँटल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]