[the_ad_group id="30365"]

केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल दू दिवसीय दौरा पर आजु अइहें काशी, टेक्सटाइल कॉन्क्लेव के करिहें शुभारंभ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय कपड़ा अउर वाणिज्य मंत्री पीयूष गोयल काशी तमिल संगमम के आयोजन में हिस्सा लेवे खातिर बुध के दू दिवसीय दौरा पs वाराणसी अइहें। ऊ बुध के करीब चार बजे वाराणसी पहुंचिहें अउर एयरपोर्ट से सीधे नमो घाट जइहें। इहां से क्रूज से काशी विश्वनाथ धाम पहुंच के दर्शन-पूजन करिहें अउर क्रूज से ही रविदास घाट जइहें। इहां से बीएचयू में काशी तमिल संगमम में आयोजित सांस्कृतिक कार्यक्रम में हिस्सा लीहें।

बियफे के बिहाने हस्तकला संकुल में आयोजित दू दिवसीय टेक्सटाइल कांक्लेव में शामिल होइहें अउर इहां तमिलनाडु अउर काशी के कपड़ा उद्यमियन-व्यापारियन से टेक्सटाइल विषय पर बतकही करिहें। दूसरे सत्र में विजन-2047 विषय पs आयोजित सेमिनार में उद्यमियन से चर्चा करिहें। एकरे बाद कपड़ा उद्योग से जुड़ल उद्यमियन के संगे अलग-अलग बइठकी करिहें।

देर साँझ ऊ दिल्ली रवाना हो जइहें। 14 दिसंबर के दू दिवसीय टेक्सटाइल कांक्लेव के शुभारंभ हस्तकला संकुल में कइल जा रहल बा। एहमें कपड़ा उद्योग के बढ़ावा देवे अउर तमिलनाडु अउर काशी के कपड़ा उद्योग के जुड़ाव के संभावना पर चर्चा कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]