[the_ad_group id="30365"]

टाटा समूह देशभर में खोली 100 एपल स्टोर, आईफोन से ले के आईपैड ले के होई बिक्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टाटा ग्रुप जल्दिए देशभर में करीब 100 छोट एपल स्टोर्स खोले के तैयारी कर रहल बा। एह स्टोर्स में आईफोन अउर आईपैड जइसन एपल के लोकप्रिय प्रोडक्ट्स के बिक्री कइल जाई। इकोनॉमिक टाइम्स (ईटी) के एगो रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एपल स्टोर्स खातिर टाटा के स्वामित्व वाली इनफिनिटी रिटेल के संगे बातचीत कs रहल बानें। इनफिनिटी रिटेल भारत में क्रोमा स्टोर चलावेले। बता देईं कि एहसे पहिले टाटा ग्रुप द्वारा आईफोन के मैन्युफैक्चरिंग के बात सोझे आइल रहे जेके ले के टाटा अउर विस्ट्रॉन कॉर्प के बीच बतकही भइल रहे।

रिपोर्ट में दावा कइल जा रहल बा कि एपल स्टोर मॉल के संगे-संगे हाई-स्ट्रीट अउर पड़ोस के स्थान में खोलल जाई अउर ई स्टोर्स एपल के प्रीमियम रिसेलर स्टोर से छोट होई। आमतौर पर, प्रीमियम रिसेलर स्टोर 1,000 वर्ग फुट में फइलल होला, लेकिन टाटा के एह स्टोर्ट के देशभर में 500-600 वर्ग फुट में बनावल जाई। छोटका स्टोरन मे आईफोन, आईपैड अउर एपल वॉच बेचाई।

मॉल के आरे-पासे खोलल जाई स्टोर

रिपोर्ट के अनुसार टाटा एह स्टोर्स के स्पेस खातिर प्रीमियम मॉल्स अउर हाई स्ट्रीट्स के संगे बातचीत शुरू कs दीहले बा। उहवें एपल के पहिला कंपनी के स्वामित्व वाला फ्लैगशिप स्टोर भारत में मार्च तिमाही में मुंबई में लॉन्च कइल जा सकsता।

उद्योग के विशेषज्ञन के कहनाम बा कि एपल कंपनी पार्टनर्स अउर रिटेलर्स दूनों के मदद से एपल प्रोडक्ट के बिक्री बढ़ावल चाहsता। साइबरमीडिया रिसर्च (सीएमआर) के मुताबिक, जुलाई से सितंबर के बीच भारत में 17 लाख से अधिक आईफोन के बिक्री कइल गइल बा।

एपल बढ़ा रहल बा प्रोडक्शन

कहल जा रहल बा कि एपल भारत में बिक्री बढ़ावे पर ध्यान केंद्रित कs रहल बा अउर अपने उत्पादन क्षमता के विस्तार करे के योजना बना रहल बा। एगो दूसर रिपोर्ट में कहल गइल बा कि एपल भारत में तीन उत्पादक, विस्ट्रॉन, फॉक्सकॉन अउर पेगाट्रॉन के भी अगिले दू बरिस में अपने प्रोडक्शन के तीन गुना करे के कहले बा। एपल एके हासिल करे खातिर मैनपावर अउर असेंबली लाइन जोड़ रहल बा। प्रोडक्शन बढ़ले से भारत निर्मित आईफोन के निर्यातो कइल जा सकी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]