[the_ad_group id="30365"]

UNGA: कश्मीर मुद्दा पs भारत लगवलस पाकिस्तान के लताड़, बतवलस नफरत फइलावे के साजिश रचे वाला देश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान एह घरी अपना अस्तित्व के लड़ाई लड़ रहल  बा आ  गंभीर आर्थिक संकट से जूझ रहल बा  ।  एकरा बावजूदो ओकर कश्मीर राग खत्म नइखे होत आ ना अपना अइसना कुल्ह  हरकतन से बाज  आ रहल बा । पाकिस्तान  एक हाली  फेरु से संयुक्त राष्ट्र के आम सभा में कश्मीर राग अलपले बा  । जेकरा  बाद भारतो  ओकरा के एह पs  करारा  जवाब देले  बा । संयुक्त राष्ट्र में भारत के प्रतिनिधि कह ले कि पाकिस्तान के प्रतिनिधि चाहे जवन  कहसु  उनकर बात  माने जोग हइये नइखे  , आ पूरा  केंद्र शासित प्रदेश जम्मू कश्मीर आ लद्दाख भारत के अभिन्न अंग रहे , बा, आ  रही। 

भारत के  प्रतिनिधि कहले कि हम एह प्रतिनिधिमंडल (पाकिस्तानी प्रतिनिधिमंडल) से कुछो नया के उम्मीद नइखी करत | जवन भारत के धर्मनिरपेक्ष साख आ मूल्यन के खिलाफ असुरक्षा आ नफरत से भरल बा , जवन भारत के आधार बा । बता दिहीं  कि बीतला  साल नवंबरो  में पाकिस्तान  कश्मीर के मुद्दा पs  भारत के घेरे के नाकाम कोशिश कइले रहे  बाकिर  भारत के प्रतिनिधि  पाकिस्तानी प्रोपेगैंडा के माकूल जवाब देले रहले । उ कहले रहले कि पाकिस्तान के हताशा से भरल प्रयास आ बहुपक्षीय मंचन के दुरुपयोग करे के बुरा आदत सहानुभूति हासिल करे के बस  कोशिश  भर बा ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]