Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Turkey Earthquake: भारत भेजलस भूकंप राहत सामग्री के पहिला खेप, तुर्की-सीरिया में अब तक 4000 से बेसी लोग काल के गाल में समाइल

तुर्की में पिछला दिनन आइल तीन गो भूंकप के झटका से अब तक 4000 से बेसी लोग के जान जा चुकल बा,भारत मदद सामग्री के भेजलस पहिलका खेप

560

तुर्की में पिछला दिनन आइल तीन गो भूंकप के झटका से अब तक 4000 से बेसी लोग के जान जा चुकल बा,भारत मदद सामग्री के भेजलस पहिलका खेप।अमेरिकी भूगर्भीय सर्वेक्षण के मुताबिक, पहिले भूकंप के केंद्र कहरामनमारस प्रांत के गाजियांटेप शहर से 30 किलोमीटर दूर आ जमीन से करीब 24 किलोमीटर नीचे रहे। स्थानीय समय के मुताबिक, ई भूकंप सुबह 4:17 बजे आइल रहे। 6.7 तीव्रता के दूसरका झटका 11 मिनट बाद आइल, जेकर केंद्र जमीन से 9.9 किलोमीटर नीचे रहे। एकरा 19 मिनट बाद यानी 4:47 बजे 5.6 तीव्रता के तीसराका भूकंप के झटका महसूस कईल गइल रहे।

Turkey Earthquake: भारत भेजलस भूकंप राहत सामग्री के पहिला खेप, तुर्की-सीरिया में अब तक 4000 से बेसी लोग काल के गाल में समाइल ,तुर्की में पिछला दिनन आइल तीन गो भूंकप के झटका से अब तक 4000 से बेसी लोग के जान जा चुकल बा,भारत मदद सामग्री के भेजलस पहिलका खेप ।

भारत भूकंप के मार झेल रहल तुर्की के भूकंप राहत सामग्री के पहिला खेप भेज देलेे बा। प्रधानमंत्री कार्यालय के ओर से कइल गईल घोषणा के कुछ घंटन बादे भारत भूकंप राहत सामग्री के पहिला खेप तुर्की के भारतीय वायु सेना के विमान से भेजले बा। दरअसल, तुर्की आ सीरिया में घातक भूकंप के झटकन के कारने अब तक 4,000 से बेसी लोग मारल गइल बाड़े। पिछला दिने तुर्की में 7.8, 7.6 आ 6.0 तीव्रता के लगातार तीन गो विनाशकारी भूकंप के झटका आइल रहे।

भारत के ओर से भेजल राहत सामग्री के खेप में एगो विशेषज्ञ राष्ट्रीय आपदा प्रतिक्रिया बल खोज आ बचाव दल शामिल बा। एह में पुरुष आ महिला दुनो कर्मी, अत्यधिक कुशल डॉग स्क्वॉड, चिकित्सा से जुड़ल चीज, उन्नत ड्रिलिंग उपकरण आ सहायता प्रयासन खातिर जरुरी अउरी महत्वपूर्ण उपकरण शामिल बा। विदेश मंत्रालय के प्रवक्ता अरिंदम बागची एह बात के जानकारी दिहले।

एह से पहिले भारत सरकार सोमार के भूकंप प्रभावित तुर्की के तत्काल राष्ट्रीय आपदा मोचन बल (एनडीआरएफ) के तलाशी आ बचाव टीम, चिकित्सा टीम आ राहत सामग्री भेजे के फईसला कइले रहे । ई कदम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा प्रभावित देशन के हरसंभव मदद देबे के निर्देश के बाद उठावल गइल रहे ।

जानकारी के मुताबिक, 100 गो सदस्यन के दु गो एनडीआरएफ टीम प्रशिक्षित श्वानन आ जरूरी उपकरणन के साथे भूकंप प्रभावित इलाकन में तलाशी आ बचाव अभियान  खातिर भेजल गईल बा। एकरा साथे प्रशिक्षित चिकित्सकन आ पैरा मेडिक के टीम भी जरूरी दवाईयन के संगे रवाना कइल गईल बीया।

चार गो देशन में भूकंप मचवलस भारी तबाही 


तुर्की आ सीरिया सहित चार गो देशन में सोमवार के  आइल भूकंप भारी तबाही मचवलस । एहिजा सोमार के दिने तीन हाली भूकंप के तेज झटका महसूस कईल गइल। भूकंप के वजह से कई  गो इमारत धराशायी हो गईंली। रिक्टर पैमाने पs भूकंप के तीव्रता 7.8 मापल गईल। सैकड़न गो लोग अभीयो  मलबा के नीचे फंसले  बाड़े आ कई  गो लोग के अभी तक कवनो आता पाता नईखे मृतकन के आंकड़ा औरी बढी अइसन आशंका जतवल जा रहल बा । तुर्की में सात दिन के राष्ट्रीय शोक की घोषणा कइल गईल बा।

15000 से बेसी लोग घायल

जानकारी के मुताबिक, तुर्की आ सीरिया में कम से कम 4000  से बेसी लोग  एह विनाशकारी भूकंप में मारल गइल बाड़े आ करीब 15000 से बेसी लोग घायल भईल बाड़े। देश के उपराष्ट्रपति फिएट ओकटे के हवाला देत रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि 10 शहरन में 1,700 से बेसी इमारत क्षतिग्रस्त हो गईंल बाड़ी सs। ओहिजे, सीरिया में कम से कम 783 लोग मारल गईले आ 639 लोग घायल हो गइल बाड़े। इस्राइल आ लेबनान में भी कई  गो मौतन के आशंका जतावल जा रहल बा।

 

453340cookie-checkTurkey Earthquake: भारत भेजलस भूकंप राहत सामग्री के पहिला खेप, तुर्की-सीरिया में अब तक 4000 से बेसी लोग काल के गाल में समाइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.