[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: उद्यमी लोग कइल सहजनवां से जीरो प्वाइंट ले फ्लाईओवर के मांग, मुख्यमंत्री से मिल के सौंपल लोग ज्ञापन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गीडा के स्थापना दिवस के मौका पर चैंबर ऑफ इंडस्ट्री के नेतृत्व में उद्यमी लोग मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मिल के सहजनवां से ले के जीरो प्वाइंट ले फ्लाईओवर, बैंक के नीति उदार करे अउर बिजली बिल में रियायत देहले समेत कई दूसर मांग कइलें। मुख्यमंत्री उद्यमियन के बात सुनलें अउर आश्वस्त कइलें कि गीडा के विकास के सथही उद्यमियन के सहूलियत खातिर सब जरूरी कोशिश कइल जाई।

संगठन के महासचिव प्रवीन मोदी ज्ञापन के जरिए कहनें कि गीडा में तीव्र गति से औद्योगिक विकास हो रहल बा। रेडीमेड गारमेंट पार्क, फ्लैटेड फैक्ट्री, लिंक एक्सप्रेस-वे के लग्गे 88 एकड़ में बन रहल प्लास्टिक पार्क आदि खातिर टाउन प्लानर के नियुक्ति जरूरी बा। इनके तैनाती से औद्योगिक विकास अउर सुनियोजित तरीका से होई।

एही तरे ऊ कहनें कि गीडा में स्कूल ड्रेस बनावे वाली कई इकाई बा। कई अउर कम्पनी बन रहल बा। अइसे में अगर स्कूल ड्रेस के खरीदारी, पहिले के खरीद नीति के अनुरूप कइल जाव त रेडीमेड गारमेंट पार्क में स्थापित इकाइयन में तेजी आई। सथही काफी लोग के रोजगारो मिली।

ऊ कहनें कि गीडा क्षेत्र में आवागमन अउर औद्योगिक गतिविधि बढ़ले के चलते एह क्षेत्र में ट्रैफिक लोड बढ़ल बा। अक्सर दुर्घटना हो रहल बा। जनहित के देखत सहजनवां से जीरो प्वांइट ले फ्लाईओवर के निर्माण बहुत जरूरी बा।

महासचिव कहनें कि कई उद्यमियन के ओर से एमएसएमई प्रमोशन पॉलिसी-2017, फूड प्रोसेसिंग पॉलिसी-2017 अउर औद्योगिक निवेश पॉलिसी-2017 में निवेश प्रोत्साहन छूट खातिर आवेदन कइल गइल बा। लेकिन उनके निवेश नीति के लाभ नाइ मिल पा रहल बा। उहवें फैक्ट्रियन में उत्पादित उत्पाद के गुणवत्ता के जांच करावे खातिर गोरखपुर में टेस्टिंग लैब के जरूरत बा। एहसे उत्पाद के गुणवत्ता में सुधार होई।

ऊ बैंक के ओर से कोलेट्रल सिक्योरिटी कम कइले के सथही विद्युत दर में रियायत करे अउर गीडा में अधिकारियन, कर्मचारियन के रिक्त पद पर जल्द नियुक्ति के भी मांग कइलें। एह दौरान चैंबर ऑफ इंडस्ट्रीज के अध्यक्ष विष्णु अजीत सरिया, पूर्व अध्यक्ष एसके अग्रवाल, सनूप साहू आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]