लोकसभा चुनाव 2024 : खालिस्तानी अलगाववादी अमृतपाल के मां के दावा- जेल में बंद बेटा खडूर साहिब से निर्दलीय चुनाव लड़ी 

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 27, 2024

खालिस्तानी समर्थक अलगाववादी आ वारिस पंजाब दे के प्रमुख अमृतपाल सिंह खडूर साहिब लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ी। ई बात ओकर मां बलविंदर कौर कहली। सिंह के मां इहो दावा कइली कि ओह लोगन

Share

खालिस्तानी समर्थक अलगाववादी आ वारिस पंजाब दे के प्रमुख अमृतपाल सिंह खडूर साहिब लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ी। ई बात ओकर मां बलविंदर कौर कहली। सिंह के मां इहो दावा कइली कि ओह लोगन पs चुनाव लड़े खातिर दबाव डालल जा रहल बा। खालिस्तानी समर्थक नेता फिलहाल असम के डिब्रूगढ़ जेल में बंद बा।

हालांकि, एक दिन पहिले अमृतपाल के पिता तरसेम सिंह ओकर लोकसभा चुनाव लड़े के खबरन के खारिज कs देले रहस। अमृतपाल सिंह के पिछला साल अप्रिल में गिरफ्तार कइल गइल रहे। अमृतपाल आ ओकरा नौ साथियन के खिलाफ राष्ट्रीय सुरक्षा कानून लगावल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.