Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चुनाव 2024 : खालिस्तानी अलगाववादी अमृतपाल के मां के दावा- जेल में बंद बेटा खडूर साहिब से निर्दलीय चुनाव लड़ी 

401

खालिस्तानी समर्थक अलगाववादी आ वारिस पंजाब दे के प्रमुख अमृतपाल सिंह खडूर साहिब लोकसभा सीट से निर्दलीय चुनाव लड़ी। ई बात ओकर मां बलविंदर कौर कहली। सिंह के मां इहो दावा कइली कि ओह लोगन पs चुनाव लड़े खातिर दबाव डालल जा रहल बा। खालिस्तानी समर्थक नेता फिलहाल असम के डिब्रूगढ़ जेल में बंद बा।

हालांकि, एक दिन पहिले अमृतपाल के पिता तरसेम सिंह ओकर लोकसभा चुनाव लड़े के खबरन के खारिज कs देले रहस। अमृतपाल सिंह के पिछला साल अप्रिल में गिरफ्तार कइल गइल रहे। अमृतपाल आ ओकरा नौ साथियन के खिलाफ राष्ट्रीय सुरक्षा कानून लगावल गइल बा।

805300cookie-checkलोकसभा चुनाव 2024 : खालिस्तानी अलगाववादी अमृतपाल के मां के दावा- जेल में बंद बेटा खडूर साहिब से निर्दलीय चुनाव लड़ी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.