पटना एयरपोर्ट पs विस्तारा के फ्लाइट खराब : मुंबई से टेक्निकल टीम पहुंचल, यात्रियन के दोसर फ्लाइट से भेजे के तइयारी

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 26, 2024

पटना एयरपोर्ट पs विस्तारा के फ्लाइट संख्या यूके 717 दिल्ली से पटना अइला के बाद खराब हो गइल। जांच के दौरान ई जानकारी मिलल कि एकरा इंजन में कुछ टेक्निकल फॉल्ट बा। एकरा बाद एसे

Share

पटना एयरपोर्ट पs विस्तारा के फ्लाइट संख्या यूके 717 दिल्ली से पटना अइला के बाद खराब हो गइल। जांच के दौरान ई जानकारी मिलल कि एकरा इंजन में कुछ टेक्निकल फॉल्ट बा। एकरा बाद एसे यात्रा करे वाला यात्रियन के एकर सूचना दिहल गइल बा।

ई फ्लाइट सबेरे नौ बजे के आसपास पटना एयरपोर्ट पs पहुंचल रहे आ 11 बजे फेर से एकरा पटना से दिल्ली जाये के रहे।

विमान में आइल तकनीकी खराबी के ठीक करे खातिर लिए मुंबई से इंजीनियर्स के बोलावल गइल बा। कंपनी के तरफ से एह फ्लाइट से जाये वाला यात्रियन के अलग फ्लाइट के बेवस्था कइल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.