Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से अरविंदर लवली के इस्तीफा : AAP से गठबंधन पs बाड़ें नाराज, कहलें- हमरा केहू के अपॉइंट करे के अधिकार तक नइखे 

243

दिल्ली में लोकसभा चुनाव से ठीक 28 दिन पहिले पार्टी के प्रदेश अध्यक्ष अरविंदर सिंह लवली अपना पद से इस्तीफा दे देले बाड़ें। ऊ पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष मल्लिकार्जुन खड़गे के चिट्‌ठी लिखके इस्तीफा के वजह बतवले बाड़ें।

लवली चार पेज के चिट्‌ठी खड़गे के भेजले बाड़ें। एमे ऊ लिखलें- दिल्ली कांग्रेस इकाई ओह पार्टी के संगे गठबंधन के खिलाफ रहे, जवन कांग्रेस पार्टी के खिलाफ झूठ, मनगढ़ंत आ दुर्भावनापूर्ण भ्रष्टाचार के आरोप लगवला के आधार पs बनल रहे। एकरा बावजूद, पार्टी दिल्ली में AAP के संगे गठबंधन करे के फैसला कइलस।

लवली दिल्ली में टिकट बंटवारा से नाराज बाड़ें। कांग्रेस 31 अगस्त 2023 के उनका दिल्ली कांग्रेस के अध्यक्ष बनवले रहे। लवली शीला दीक्षित के सरकार में 15 साल तक परिवहन आ शिक्षा समेत कइयन गो मंत्रालय संभार चुकल बाड़ें। दिल्ली के सिख समुदाय में उनकर अच्छा पैठ बा।

2017 में कांग्रेस छोड़ भाजपा में चल गइल रहस 

अरविंदर सिंह लवली 15 साल तक रहल शीला दीक्षित सरकार में शिक्षा से लेके पर्यटन मंत्रालय के जिम्मेदारी निभा चुकल बाड़ें। 2017 में ऊ नगर निगम चुनाव से पहिले भाजपा में सामिल हो गइल रहस। बाकिर, मात्र एक साल के भीतर ऊ पार्टी में घर वापसी कs लेले रहस। कांग्रेस में वापसी करत लवली कहले रहस कि हम वैचारिक रूप से उहां मिसफिट रहनी।

806350cookie-checkदिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से अरविंदर लवली के इस्तीफा : AAP से गठबंधन पs बाड़ें नाराज, कहलें- हमरा केहू के अपॉइंट करे के अधिकार तक नइखे 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.