Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गर्मी में दिल्ली खातिर एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन : 30 अप्रिल से 28 जून तक लगाई 18 फेरा, छपरा के यात्रियन के मिली लाभ

245

रेलवे प्रशासन गरमी में यात्रियन के भीड़ के देखत ट्रेन संख्या 05305/05306 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी चलावे के निर्णय लेले बा। ई ट्रेन छपरा से 30 अप्रिल से लेके 28 जून तक हर मंगर आ सुक के चली। जबकि आनन्द विहार टर्मिनस से एक मई से लेके 29 जून तक हर बुध आ सनीचर के 18 फेरा खातिर चलावल जाई।

जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत बतवलें कि ट्रेन संख्या 05305 छपरा-आनन्द विहार टर्मिनस ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी 30 अप्रिल के छपरा से 23:55 बजे खुली। एकरा बाद दूसरका दिन सीवान, थावे, तमकुही, पडरौना, कप्तानगंज, गोरखपुर, खलीलाबाद, बस्ती, बभनान होत आनन्द विहार टर्मिनस 20:00 बजे पहुंची।

वापसी यात्रा में ट्रेन संख्या 05306 आनन्द विहार टर्मिनस-छपरा ग्रीष्म कालीन विशेष गाड़ी एक मई के आनन्द विहार टर्मिनस से 22:30 बजे खुली। एकरा बाद गाजियाबाद, इटावा, कानपुर सेन्ट्रल, ऐशबाग, बाराबंकी, गोंडा, मनकापुर, बभनान होत छपरा 17:30 बजे पहुंची।

बता दीं कि एह गाड़ी में एलएसएलआरडी के दु, साधारण द्वितीय श्रेणी के चार गो, शयनयान श्रेणी के चार, वातानुकूलित तृतीय के 10 आ वातानुकूलित द्वितीय श्रेणी के दुगो कोच सहित कुल 22 कोच लगावल जाई।

806320cookie-checkगर्मी में दिल्ली खातिर एक जोड़ी स्पेशल ट्रेन : 30 अप्रिल से 28 जून तक लगाई 18 फेरा, छपरा के यात्रियन के मिली लाभ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.