[the_ad_group id="30365"]

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज में आयोजित भइल शिक्षक अभिभावक सम्मेलन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चन्द्रकान्ति रमावती देवी आर्य महिला पी०जी० कॉलेज, गोरखपुर में राजनीति विज्ञान विभाग के तत्वाधान में शिक्षक अभिभावक संघ के आयोजन कइल गइल। जेमें अभिभावक अउर छात्रा लोग भारी संख्या में आपन सहभागिता दीहल। एह अवसर पर अभिभावक लोग छात्रा के विकास से संबंधित सुझावन के शिक्षक लोग के सोझे प्रस्तुत कइल।

एह कार्यक्रम के अध्यक्षता शिक्षक अभिभावक संघ के अध्यक्ष श्री के०के० श्रीवास्तव कइलें। कार्यक्रम के सम्बोधित करत प्रबन्धक डा० विजयलक्ष्मी मिश्रा एह आयोजन के वर्तमान के जरूरत बतवली।

कार्यक्रम के शुभारम्भ माँ सरस्वती के छायाचित्र पर माल्यार्पण अउर दीप प्रज्जवलन से भइल। एह अवसर पs प्राचार्य डा० सुमन सिंह, आई०क्यू०ए०सी० समन्वयक डा० रेखा श्रीवास्तव, उपप्राचार्य डा० स्वप्निल पाण्डेय, शिक्षक अभिभावक प्रकोष्ठ के समन्वयक डा० रेखारानी शर्मा राजनीति विज्ञान के प्रवक्ता डा० प्रीति त्रिपाठी, सुश्री तपस्या जायसवाल अउर अमिता अग्रवाल आदि प्रवक्तागण अउर छात्रा लोग उपस्थित रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]