[the_ad_group id="30365"]

सीडीओ के निरीक्षण में बदहाल मिलल स्कूल के व्यवस्था

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्य विकास अधिकारी गौरव सिंह सोगरवाल सुक्क के घुघली क्षेत्र के कंपोजिट विद्यालय पटखौली के निरीक्षण कइलें। निरीक्षण में स्कूल के व्यवस्था बदहाल मिलल, जौने पर जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी संबंधित शिक्षकन के विरुद्ध कार्रवाई के निर्देश दिहलें।
मुख्य विकास अधिकारी पवलें कि स्कूल में पढ़े वाले बचवन के मध्याह्न भोजन के रुप में तहरी देहल गइल रहे अउर विद्यालय स्टाफ खातिर अलग से भोजन बनावल गइल रहे। ऊ रसोइया से पूछलें त ऊ सब के खातिर तहरी बनवलें के  बात कहली, एह पर ऊ नाराजगी जतवलें।
विद्यालय में पुस्तक के एक कमरा में रखल पावल गइले पर ऊ प्रधानाध्यापक के विरुद्ध नाराजगी जतवलें अउर निर्देशित कइलें कि उ उपलब्ध पुस्तक के बचवन में वितरित करावल जाई। प्रधानाध्यापक के चिकित्सा अवकाश पर होखले के कारण अभिलेख के निरीक्षण भी नाइ हो पावल। ऊ बीएसए के कार्रवाई के निर्देश दिहलें अउर ओनसे अवगत करावे के भी कहलें। विद्यालय में संचालित आंगनबाड़ी केंद्र के कार्यकर्ता भी अनुपस्थित मिलले, जेपर कार्रवाई के जिला कार्यक्रम अधिकारी के निर्देश दिहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]