[the_ad_group id="30365"]

आगरा: बीएएमएस अउर एमबीबीएस के कॉपी बदलले  के प्रकरण के बाद बदलल व्यवस्था, अब होई स्कैनिंग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

डॉ. भीमराव आंबेडकर विश्वविद्यालय प्रशासन के ओर से मेडिकल पाठ्यक्रम के परीक्षा के कार्यक्रम जारी क दिहल गइल बा। 31 अक्तूबर से बीएचएमएस के मुख्य परीक्षा के साथ एमबीबीएस अउर बीडीएस के पूरक परीक्षा करावल जाई। परीक्षा समाप्त होखले के बाद केंद्र पर ही कॉपी के स्कैनिंग करावल जाई। बीएएमएस अउर एमबीबीएस के कॉपी बदलले के प्रकरण के सोझे अइले के बाद सतर्कता बरतल जा रहल बा।
डॉ. भीमराव आंबेडकर विश्वविद्यालय के परीक्षा नियंत्रक डॉ. ओमप्रकाश के कहनाम बा कि परीक्षा केंद्र तय कर दिहल गइल बा। ई व्यवस्था बनावल गइल बा कि केंद्र पर ही मेडिकल पाठ्यक्रम के परीक्षा के बाद कॉपियन के स्कैनिंग करा लीहल जाई। एसे कॉपी बदलले के गुंजाइश नाइ होई। पूरक परीक्षा में भी पूरा सतर्कता बरतल जा रहल बा। केंद्र पर पर्यवेक्षक तैनात कइल जा रहल बा। ई परीक्षा के दौरान पूरा समय केंद्र पर मौजूद रही।

उड़नदस्ता भी रखी निगरानी 

एगो उड़नदस्ता भी बनावल जाई, जौन कि परीक्षा केंद्र के निरीक्षण भी करी। परीक्षा नियंत्रक के कहनाम बा कि छात्र-छात्रा विश्वविद्यालय के वेबसाइट पर जा के परीक्षा के कार्यक्रम देख सकतने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]