[the_ad_group id="30365"]

अब गांव के लइके करिहें अंतरिक्ष के सैर: 40 स्कूल में बनी डिस्कवरी लैब, ई रहल लिस्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गांव के परिषदीय विद्यालय के बच्वन के ग्रह-नक्षत्र के जानकारी देवे खातिर डिस्कवरी लैब के स्थापना कइल जाई। बचवन के खगोलीय विज्ञान के जानकारी प्राथमिक स्तर पर देवे खातिर महानिदेशक स्कूली शिक्षा विजय किरण आनंद के आदेश के बाद अब जिला के 40 स्कूल में डिस्कवरी लैब बनावे के फैसला लिहल गइल बा।

जिला के आठ ब्लॉक में डिस्कवरी लैब बनावे खातिर विभिन्न ब्लॉक से पांच स्कूल के चयन कइल गइल बा जेमें एक विद्यालय खातिर साढ़े तीन लाख रुपया धनराशि अवमुक्त कइल जाई। सुक्क के जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी कार्यालय पर खंड शिक्षा अधिकारियन के बैठक में सभे अपने-अपने ब्लॉक के पांच स्कूल के सूची बीएसए के उपलब्ध करा देहले बा। डिस्कवरी लैब में स्मार्ट गैजेट इंस्टॉल कइल जाई। कक्ष में टीवी के साथ अन्य उपकरण भी लगावल जाई। डिस्कवरी कक्ष में थ्री डी चश्मा भी दिहल जाई। एकरे सथही विज्ञान विषय के विशेषज्ञ के बइठा के बचवन के जानकारी उपलब्ध करावल जाई। एकर उद्देश्य परिषदीय विद्यालय के बचवन के बौद्धिक क्षमता के विकास करे के बा।

न्याय पंचायत स्तर पर डिस्कवरी लैब

खगोलीय विज्ञान के जानकारी प्राथमिक स्तर पर देवे खातिर जिला प्रशासन न्याय पंचायत स्तर पर डिस्कवरी लैब बनावे के फैसला कइले बा। डिस्कवरी लैब के माध्यम से तारामंडल के जानकारी, ग्रह नक्षत्र के स्थिति अउर ग्लोब के संरचना समेत अन्य तमाम तरह के जानकारी परिषदीय विद्यालय के बचवन के प्रदान कइल जाई। जिला बेसिक शिक्षा अधिकारी डॉ. अरविंद पाठक बतवलें कि डिस्कवरी लैब में बचवन के प्रोजेक्टर के माध्यम से सौरमंडल के जानकारी दीहल जाई। एक विद्यालय में डिस्कवरी लैब बनवला में 3.5 लाख रुपया के खर्च आई। जिला के 40 स्कूल में लैब तैयार कइले में एक करोड़ 40 लाख के खर्च आई।

ई होई सुविधा

स्कूलन में बने वाली एह डिस्कवरी लैब में टेलीस्कोप, ग्लोब, तारामंडल के संरचना अउर ग्लाइडर आदि के जरिए तारा अउर ग्रह नक्षत्र के जानकारी दीहल जाई। सथही विज्ञान के प्रति अधिक रुचि पैदा करे खातिर विज्ञान के रोचक तथ्य दीवार पर लिखल जाई। लैब में बइठ के लइके अंतरिक्ष के सैर कs सकेने।

स्कूलन के सूची

उच्च प्राथमिक विद्यालय ठठरा, कंपोजिट स्कूल करधना, उच्च प्राथमिक विद्यालय अमीनी, कंपोजिट स्कू ल बेहसूपुर, कंपोजिट विद्यालय देहली विनायक, उच्च प्राथमिक विद्यालय मेहंदीगंज, भतसार, कपरफोड़वा, ढढोरपुर, पयागपुर, उच्च प्राथमिक विद्यालय मंगारी, सिंधोरा, झंझौर, थानारामपुर, कंपोजिट विद्यालय जाठी आदि।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]