[the_ad_group id="30365"]

फिरोजाबाद में भीषण सड़क हादसा, डीसीएम से टकराइल स्लीपर बस, छह लोग के भइल मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में बस सवार छह यात्रियन के मौत हो गइल बा। जबकि कई यात्री गंभीर रूप से घायल भइल बानें। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मौका पर पहुंचल पुलिस सब लाश के कब्जा में ले के जांच शुरू कs दिहले बा।

जानकारी के अनुसार, शिकोहाबाद के नगला खंगार में 61 मेल स्टोन के लग्गे लुधियाना से रायबरेली जा रहल स्लीपर बस आगे जात रहे। डीसीएम में घुस गइल। स्लीपर बस में सवार छह यात्रियन के मौत हो गइल। जबकि एक दर्जन लोग घाही हो गइलें। नौ घाही लोगन के शिकोहाबाद अस्पताल भेज गइल बा। जबकि बाकी घायलन के सैफई भेज दिहल गइल बा। मृतक में एगो बच्चा, एगो महिला अउर चार पुरुष लोग शामिल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]