Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

फिरोजाबाद में भीषण सड़क हादसा, डीसीएम से टकराइल स्लीपर बस, छह लोग के भइल मौत

मृतकन में एगो बच्चा, एगो महिला अउर चार पुरुष लोग शामिल

317

उत्तर प्रदेश के फिरोजाबाद जिला में बड़ सड़क हादसा भइल बा। हादसा में बस सवार छह यात्रियन के मौत हो गइल बा। जबकि कई यात्री गंभीर रूप से घायल भइल बानें। घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। मौका पर पहुंचल पुलिस सब लाश के कब्जा में ले के जांच शुरू कs दिहले बा।

जानकारी के अनुसार, शिकोहाबाद के नगला खंगार में 61 मेल स्टोन के लग्गे लुधियाना से रायबरेली जा रहल स्लीपर बस आगे जात रहे। डीसीएम में घुस गइल। स्लीपर बस में सवार छह यात्रियन के मौत हो गइल। जबकि एक दर्जन लोग घाही हो गइलें। नौ घाही लोगन के शिकोहाबाद अस्पताल भेज गइल बा। जबकि बाकी घायलन के सैफई भेज दिहल गइल बा। मृतक में एगो बच्चा, एगो महिला अउर चार पुरुष लोग शामिल बानें।

409350cookie-checkफिरोजाबाद में भीषण सड़क हादसा, डीसीएम से टकराइल स्लीपर बस, छह लोग के भइल मौत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.