[the_ad_group id="30365"]

UGC Rule: अब 3 ना 4 साल में होई ग्रेजुएशन, यूजीसी जल्दिये करी ऐलान, जानीं नया नियम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UGC Rule: देस के शिक्षा बेवस्था के लेके राष्ट्रीय शिक्षा नीति 2020 में दिहल गइल सुझावन के लागू करे के काम सुरू कर दिहल गइल बा। एकरा तहत UGC के ओर से 4 बरिस के ग्रेजुएशन कोर्स सुरू करे खातिर सोमार के घोषणा कइल जाई। यूजीसी 4 साल के ग्रेजुएशन खातिर सब नियमन आ निरदेसन के साझा करी। प्राप्त जानकारी के मोताबिक एह कोर्सन में क्रेडिट सिस्टम लागू होई, जवना के तहत 160 क्रेडिट तक स्कोर करे वालन के ऑनर्स के डिग्री दिहल जाई।

नया नियम के मोताबिक 4 साल बाद ऑनर्स के डिग्री दिहल जाई। बाकिर जवन छात्र सुरुआत के 6 सेमेस्टर में 75 फीसदी से बेसी हासिल करी आ आगे ग्रेजुएशन स्तर पर रिसर्चो कइल चाहत बा, ओकरा के फोर्थ ईयर में रिसर्च सब्जेक्ट चुने के मवका दिहल जाई। जवना के बाद ऑनर्स विथ रिसर्च के डिग्री दिहल जाई।

मौजुदा छात्र होई लो एलिजिबल

खुसी के बात ई बा कि जवन छात्र फिलहाल तीन बरिस के ग्रेजुएशन कोर्स कर रहल बा लो, उहो एह चार बरिस के कोर्स खातिर पात्र होई। एकरा खातिर UGC विश्वविद्यालयन के कहले बा कि ऊ एगो स्पेशल ब्रिज कोर्स तइयार करे। एकरा अलावे एगो मीडिया रिपोर्ट में UGC के अध्यक्ष के हवाले से बतावल गइल बा कि, नया शिक्षा नीति में छात्रन के इंट्रेस्ट डेवलप करे के संगे-संगे ओकरा के स्पेशल फील्ड में रिसर्च में सक्षम बनावे के सिफारिसो कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]