[the_ad_group id="30365"]

देवरिया: यूपी बोर्ड परीक्षा खातिर जनपद में बनी 207 केंद्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माध्यमिक शिक्षा परिषद, प्रयागराज के ओर से जनपद में यूपी बोर्ड के हाईस्कूल अउर इंटर के परीक्षा खातिर ऑनलाइन प्रक्रिया के तहत केंद्र के सूची जारी कs दीहल गइल बा। एह बेर कुल 207 केंद्र के निर्धारण कइल गइल बा।

जिला विद्यालय निरीक्षक डॉ. विनोद कुमार राय अतवार के साँझ के बतवलें कि परिषदीय परीक्षा वर्ष 2023 खातिर परीक्षा केंद्र के ऑनलाइन प्रक्रिया के तहत निर्धारण कs दिहल गइल बा। जिला में एह बेर कुल 207 केंद्र के निर्धारण कइल गइल बा। ऑनलाइन निर्धारित परीक्षा केंद्र के सूची, छात्र आवंटन सहित कार्यालय के नोटिस बोर्ड पs चस्पा कs दीहल गइल बा।

राजकीय, सहायता प्राप्त अउर वित्तविहीन विद्यालयन के प्रधानाचार्यन के भी एह सूची से अवगत करा दिहल गइल बा। जदी केहू के कौनो आपत्ति चाहे दावा करे के बा त ऊ औचित्य अउर साक्ष्य के संगे 14 दिसंबर के साँझ पांच बजे ले ऑनलाइन या ऑफलाइन कs सकsता। आपत्तियन के निस्तारण खातिर जिलाधिकारी के अध्यक्षता में गठित जिला स्तरीय समिति के सोझे रखल जाई। एह निर्धारित तिथि अउर समय के बाद मिलल दावा अउर आपत्तियन पs कौनो विचार नाइ कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]