[the_ad_group id="30365"]

ग्रेजुएट करे वाला छात्रा लोगन के सरकार दी 50-50 हजार रपिया बस करे के होई ई काम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। Balika Snatak Protsahan Yojana: प्रदेश सरकार बिहार के बेटियन खातिर कइयन तरे के योजना चला रहल बिया। ओहि जा ओम से एगो बालिका स्नातक प्रोत्साहन योजनो बा। जेमे सरकार स्‍नातक करे वाला छात्रा लोगन के 50-50 हजार रुपिया दिहल जाला। एह योजना के तहत छात्रा लोगन के के खाता में पईसा भेजल जाला।

रउआ के बता दीं कि एकरा पहिले सरकार के एह योजना के तहत 25-25 हजार रुपिया दिहल जात रहे। जवना के बढ़ा के अब 50 हजार रुपिया कs दिहल गइल बा। सरकार के एह योजना के तहत ओहि छात्रा लोगन के एकर लाभ मिली। जे राज्य सरकार द्वारा मान्यता प्राप्त कॉलेज से स्‍नातक कइले होई।  बिहार शिक्षा विभाग सरकार के एह महत्वाकांक्षी योजना खातिर लमसम 40 करोड़ रुपिया आवंट‍ित कइले बा।

कइसे पाई एह योजना के लाभ

एह योजना के लाभ उठावे खातिर छात्रा लोगन लगे सबसे पहिले बैंक अकाउंट होखल जरूरी बा। जवना के बाद एह योजना के पावे खातिर छात्रा लोगन के ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन करावे के होई। ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन खातिर http://edudbt.bih.nic.in/ पs जाये के होई। एह वेबसाइट पs गइला के बाद रउआ योजना से संबंध‍ित दु गो ल‍िंक मिली। दुनूए एके पेज पर ले जाई। तीसरा ल‍िंक कॉलेज खातिर बा। दुनो में से कवनो ल‍िंक पs क्‍ल‍िक कs के रउआ फॉर्म के आगे भर सकत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]