[the_ad_group id="30365"]

UGC NET 2024: यूजीसी नेट परीक्षा काल्ह से सुरू; अभ्यर्थी निम्मन से समझ लेवे लो गाइडलाइन, केंद्र पs करे के होई पालन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

UGC NET Exam Guidelines: यूजीसी नेट परीक्षा के आयोजन काल्ह 21 अगस्त से होखे जा रहल बा। राष्ट्रीय परीक्षण एजेंसी 21 अगस्त से चार सितंबर, 2024 के बीच देस भर के अलग-अलग शहरन में यूजीसी नेट परीक्षा के आयोजन करी। जे केहू उम्मीदवार बिहान परीक्षा में सामिल होखे जा रहल बा लो, ओकरा पहिले परीक्षा से जुड़ल गाइडलाइंस जरूर जान लेवे के चाहीं।

CBT मोड में होई परीक्षा

UGC NET परीक्षा 18 जून के एकही दिन में पेन आ पेपर मोड में आयोजित कइल गइल रहे। हालांकि, पेपर लीक विवाद के बाद एजर के 21 अगस्त से चार सितंबर के बीच दोबारा आयोजित कइल जा रहल बा। अबकी बेर परीक्षा कंप्यूटर आधारित मोड में आयोजित कइल जाई। परीक्षा दु शिफ्ट में आयोजित कइल जाई। पहिला शिफ्ट के समय सबेरे नव बजे से दुपहरिया 12 बजे ले बा आ दूसरका शिफ्ट के समय दुपहरिया तीन बजे से सांझ छव बजे तक बा।

भूलाइयो के मत करी ई गलती

यूजीसी नेट परीक्षा हॉल के भीतरी इलेक्ट्रॉनिक आइटम जइसान मोबाइल फोन, स्मार्ट वॉच, कैमरा भा ब्लूटूथ डिवाइस आउर पेन ड्राइव, फ्लैश ड्राइव, मेमोरी कार्ड जइसन स्टोरेज डिवाइस ले गइला पs पाबंदी बा। पकड़ल गइला पs सख्त कार्रवाई कइल जा सकत बा। अइसन उम्मीदवार के परीक्षा देने से रोकलो जा सकता बा।

उम्मीदवारन के परीक्षा केंद्र के पर्यवेक्षकन के संगे धोखाधड़ी भा दुर्व्यवहार में सामिल ना होखे चाहीं। अइसन कइला पs उम्मीदवार के परीक्षा से वंचित कइल जा सकत बा आ कानूनी कार्रवाइयो हो सकत बा।

एह बातन के रखीं खास खेयाल

  • एनटीए के ओर से जारी कइल गइल यूजीसी नेट एडमिट कार्ड ले गइल अनिवार्य बा। जदि कवनो छात्र एडमिट कार्ड ले आवल भूल जात बा, तs ओकरा के परीक्षा में बइठे के अनुमति ना दिहल जाई। गौर करे वाला बात बा कि उम्मीदवार के एडमिट कार्ड के फोटो कॉपी अपना संगे रखे के होई, कवनो सॉफ्ट कॉपी स्वीकार ना कइल जाई।
    दिव्यांग श्रेणी के उम्मीदवार के संबंधित प्रमाण पत्र संगे लेके जाये के होई। परीक्षा केंद्र पs एकर मांग कइल जाई।
  • उम्मीदवारन के तलाशी आ पंजीकरण प्रक्रिया पूरा करे खातिर परीक्षा से दु घंटा पहिले आवे के चाहीं। परीक्षा सुरू होखे से 30 मिनट पहिले सुरक्षा जांच बंद कs दिहल जाई।
  • परीक्षा हॉल खुलतही अपना सीट पs बइठ जाईं आ निरीक्षक के ओर से बतावाल गइल सब निरदेसन के अच्छा से सुनीं।
  • आवंटित परीक्षा के दिन उपस्थित ना होखे वाला कवनो अभ्यर्थी खातिर दोबारा परीक्षा आयोजित ना कइल जाई। जदि कवनो छात्र परीक्षा देवे से चूक जात बा, तs ओकरा फेर दिसंबर सत्र के परीक्षा में सामिल होखे के होई।
  • छात्रन के परीक्षा शिफ्ट के दौरान आउर प्रतिभागियन के संगे बातचीत करे के अनुमति नइखे।
  • परीक्षा स्थल पs एनटीए स्टाफ भा आउर उम्मीदवारन के संगे दुर्व्यवहार कइलो कदाचार मानल जाला।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]