[the_ad_group id="30365"]

पटना लॉ कालेज में बढ़ावल गइल 180 सीट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना लॉ कॉलेज में सत्र 2024-2027 में एडमिशन खातिर पहिला मेरिट लिस्ट जल्दिए जारी होखे वाला बा। पटना लॉ कॉलेज में एलएलबी कोर्स में नामांकन खातिर पहिला मेरिट लिस्ट सात दिनन के अंदर जारी कs दिहल जाई। डीएसडब्ल्यू प्रो. अनिल कुमार बतवलें कि पटना लॉ कॉलेज के बार काउंसिल ऑफ इंडिया (बीसीआइ) से नामांकन के अनुमति जून महीना में मिल गइल रहे। एकरा संगही बार काउंसिल ऑफ इंडिया के ओर से पटना लॉ कॉलेज में सीटन के संख्या डबल से जादे कs दिहल गइल बा।

डीएसडब्ल्यू प्रो. अनिल कुमार बतवलें कि सात दिन के भीतर पटना यूनिवर्सिटी के वेबसाइट पs लॉ में एडमिशन खातिर पहिला लिस्ट जारी कs दिहल जाई। लिस्ट जारी होखला के बाद स्टूडेंट्स के 4 दिन के समय दिहल जाई। स्टूडेंट्स जदि चार दिनन के अंदर एडमिशन नइखे लेत लो दावेदारी समाप्त कs दिहल जाई। सीट्स बचला के बाद दूसरका लिस्ट जारी कइल जाई।

का होई एडमिशन के प्रक्रिया

सबसे पहिले स्टूडेंट्स के मेरिट लिस्ट जारी होखला के बाद के पीयू के वेबसाइट से अलॉटमेंट लेटर डाउनलोड करे के पड़ी। एकरा बाद ऊ ऑनलाइन अलॉटमेंट फीस जमा करी लो। जवना के फीस स्लिप ओह लोगन के डाउनलोड करे के पड़ी। एंट्रेंस एग्जाम खातिर स्टूडेंट्स जवन फॉर्म फील कइले रहे, ओकर एप्लीकेशन फॉर्म डाउनलोड करे के पड़ी। स्टूडेंट्स के लॉ कॉलेज में एडमिशन खातिर अलॉटमेंट लेटर, एप्लीकेशन फॉर्म आ फीस स्लिप के संगे ओह लोगन के आपन सब डॉक्यूमेंट लेके जाये के होई। जहां ओह लोगन के डाक्यूमेंट्स के वेरिफिकेशन के बाद एडमिशन लिहल जाई।

180 सीट बढ़ावल गइल 

पटना लॉ कॉलेज में शिक्षकन आ संसाधनन के कमी के कारण बार काउंसिल ऑफ इंडिया एलएलबी कोर्स में नामांकित सीटन के संख्या पिछला कुछ सालन से 300 से घटाके 120 कs दिहल गइल रहे, बाकिर अब एकरा के फेर से बढ़ा दिहल गइल बा। 300 सीटन पs एलएलबी कोर्स आ एलएलएम कोर्स में नामांकन के प्रक्रिया अगिला हफ्ता से सुरू कs दिहल जाई।

बता दीं कि 10 अगस्त के लॉ कॉलेज में एडमिशन खातिर एंट्रेंस परीक्षा आयोजित कइल गइल रहे। जेमे 1800 स्टूडेंट्स सामिल भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]