[the_ad_group id="30365"]

Amritpal Singh: खालिस्तान समर्थक अमृतपाल के नेपाल भागे के आशंका, उत्‍तराखंड पुलिस आ खुफिया एजेंसी अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Amritpal Singh: खालिस्तान समर्थक अमृतपाल सिंह के नेपाल के रास्ते कनाडा भागे के आशंका के बीच ऊधमसिंह नगर जिला अलर्ट मोड पs बा। पुलिस उत्तर प्रदेश से सटल बार्डर के संगही पड़ोसी देस नेपाल के सीमा पs चेकिंग अभियान चलावल जा रहल बा।

पिछला कुछ सालन में खालिस्तान आ भिंडरवाला के समर्थन में इंटरनेट मीडिया पs बहुते सक्रियता दिखल बा। ऊधमसिंह नगर पुलिस आ खुफिया एजेंसी कइयन लोगन के चिह्नित कs के ओह लोगन के काउंसलिंग कइले बाड़ी सs। एने, खालिस्तान समर्थक अमृतपाल सिंह सनीचर के अपना साथियन के गिरफ्तारी के बाद फरार बा। आशंका बा कि ऊ नेपाल के रास्ते कनाडा भा आउर देसन के भाग सकत बा। एकरा के देखत ऊधमसिंह नगर पुलिस  अलर्ट पs बा।

सनीचर के रात से ऊधमसिंह नगर पुलिस उत्तर प्रदेश से सटल पीलीभीत, बरेली, रामपुर, मुरादाबाद, बिजनौर बार्डर पs चेकिंग कर रहल बिया। पड़ोसी दस नेपाल से सटल बार्डर बनबसा चेक पोस्ट के अलावे खटीमा आ झनकइया क्षेत्र में पुलिस सतर्क बिया। आवे-जावे वाला संदिग्धन के संगही वाहनन के तलाशी लिहल जा रहल बा।

एसपी सिटी मनोज कत्याल बतवलें कि खालिस्तानी समर्थक अमृत पाल सिंह के नेपाल भगला के इनपुट सीधा तौर पs पुलिस के नइखे मिलल। बावजूदो एकरा जिला पुलिस सनीचर के राते से जिला से सटल उत्तर प्रदेश के पीलीभीत, बरेली, रामपुर, मुरादाबाद आ बिजनौर सहित पड़ोसी देस नेपाल से सटल बार्डर पs चेकिंग कर रहल बिया। इंटरनेट मीडिया पs  निगाह रखल जा रहल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]