Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सांझ के 10 बड़ खबर

668
  1. बिहार: पटना में अगवा टीचर के बेटा के मिलल शव: 16 मार्च के भइल रहे अपहरण, एक घंटा बाद हत्या, 40 लाख के मागंल गइल रहे फिरौती। पटना के बिहटा से अगवा भइल रहे 13 साल के तुषार।
  2. बिहार: 14 दिन के कष्टडी में यूट्यूबर मनीष कश्यप; EOU के पूछताछ में बड़ नेता से मदद के खुलासा, पटना ऑफिस में मिलल कइयन गो डिजिटल एविडेंस।
  3. उत्तर प्रदेश: गोरखपुर में मजदूर के पीट-पीट के हत्या; पत्नी बोलली- दबंग हड़पड़ल चाहत बा लो जमीन, पति ना देलें तs मार डालल लो, 2 दिन पहिले भइल रहे हमला।
  4. उत्तर प्रदेश: यूपी बिजली हड़ताल; ऊर्जा मंत्री एके शर्मा से वार्ता के बाद बिजली कर्मचारी लोग वापस लेलस हड़ताल। दर्ज मुकदमा आ नौकरी से बर्खास्तगी वापस लिहल जा सकत बा।
  5. झारखंड: 10 लाख के इनामी माओवादी कमांडर चंदन सिंह खेरवार गिरफ्तार: आईडी बलास्ट करे में रहे माहिर, पुलिस से लूटल दु गो इंसास राइफल बरामद, तीन जिलन में बा 68 ममिला दर्ज।
  6. जालंधर DIG बोलले- अमृतपाल के ISI कनेक्शन: आनंदपुर खालसा फोर्स नाम से प्राइवेट आर्मी बनावत रहे, घर आ हथियारन पs AKF लिखल मिलल। गिरफ्तारी खातिर पुलिस लगातार दुसरका दिन अभियान जारी रखले बिया।
  7. कांग्रेस बोलल – सावरकर बुझले बा लो का, नाम राहुल गांधी हs: रेप पीड़ितन पs देहल बयान पs कांग्रेस नेता पुलिस के 4 पेज में जवाब देले।
  8. CJI चंद्रचूड़ बोलले- ज्यूडिश्यरी पs सरकार के कवनो दबाव ना: बतौर जज हमरा 23 साल हो गइल; अगर क्रिकेटर होखती तs राहुल द्रविड़ जइसन होखती।
  9. इमरान खान जइसने ट्रंपो छिपवले फॉरेन गिफ्ट्स: 117 तोहफन के जानकारी ना देलें, 2.47 करोड़ रुपिया कीमत, 17 भारत से मिलल रहे। 3 लाख डॉलर कीमत बा मिलल एह तोहफन के।
  10. वनडे में भारत के सबसे बुरा हार: ऑस्ट्रेलिया 10 विकेट से 234 बॉल रहते हरवलस, मार्श-हेड के विस्फोटक साझेदारी। स्टार्क लेले 5 विकेट। मात्र 117 पs सिमटल रहे भारत के पारी।
484810cookie-checkसांझ के 10 बड़ खबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.