Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UCC Law: समान नागरिक संहिता के मुद्दा पs बैकफुट पs विपक्ष, कइयन गो दल कइलस समर्थन

अइसे तs विपक्षी एकता खातिर पटना में भइल बैठक में बीआरएस आ बसपा के आमंत्रित ना कइल गइल रहे बाकिर शिवसेना उद्धव गुट ना खाली एमे सामिल भइल बलुक विपक्षी एकजुटता के सहारे भाजपा के 2024 के लोकसभा चुनाव में हरावे के दावा तक कइले रहे। कांग्रेस खातिर समान नागरिक संहिता के खुला विरोध करे वाला वामपंथी दलन आ शिवसेना के बीच समन्वय बईठावल आसान ना होई।

353

UCC LAW: समान नागरिक संहिता के मुद्दा से जहां एक ओर विपक्षी एकता के धार कुंद होत दिख रहल बा, ओहिजा छत्तीसगढ़, मध्यप्रदेश आ राजस्थान के विधानसभा चुनावन में नरम हिंदुत्व के सहारे भाजपा के चुनौती देवे में जुटल कांग्रेस के कोसिसन के झटका लाग सकत बा। शिवसेना, बीआरएस आ बसपा खुला तौर पs जहां समान नागरिक संहिता के समर्थन कs देले बा, ओहिजा कांग्रेस एह मुद्दा पs आपन पत्ता खोले से हिचक रहल बिया।

अइसे तs विपक्षी एकता खातिर पटना में भइल बैठक में बीआरएस आ बसपा के आमंत्रित ना कइल गइल रहे बाकिर शिवसेना उद्धव गुट ना खाली एमे सामिल भइल बलुक विपक्षी एकजुटता के सहारे भाजपा के 2024 के लोकसभा चुनाव में हरावे के दावा तक कइले रहे। कांग्रेस खातिर समान नागरिक संहिता के खुला विरोध करे वाला वामपंथी दलन आ शिवसेना के बीच समन्वय बईठावल आसान ना होई।

इहो पढ़ीं- IND vs KUW Final: भारत सैफ चैंपियनशिप के फाइनल जीतल, कुवैत के पेनल्टी शूटआउट में 5-4 से हरवलस 

17-18 जुलाई के बेंगलुरु में विपक्षी दलन के बैठक में एकर हल खोजे के कोसिस हो सकत बा। दूसरका ओर छत्तीसगढ़, राजस्थान आ मध्यप्रदेश में कांग्रेस नरम हिंदुत्व के सहारे भाजपा के पटखनी दवे के कोसिस में बिया। कांग्रेस एह तीनों राज्यन में हिंदुअन से जुड़ल मुद्दन के खुलके समर्थन कर रहल बिया। पश्चिम बंगाल में ममता बनर्जी आ दिल्ली में अरविंद केजरीवाल के तरे एह तीनों राज्यन में कांग्रेस के कोसिस भाजपा के पक्ष में हिंदू वोनटन के ध्रुवीकरण के रोके के बा। हिमाचल प्रदेश के पूर्व मुख्यमंत्री वीरभद्र सिंह के बेटा आ मवजूदा सरकार में मंत्री विक्रमादित्य सिंह के समान नागरिक संहिता के समर्थन से साफ बा कि कांग्रेस खातिर एकर विरोध कइल आसान ना होई। बता दीं कि बसपा, बीआरएस आ शिवसेना समान नागरिक संहिता के समर्थन कइले बा।

हरियाणा सरकार समान नागरिक संहिता के पक्ष में 

हरियाणा सरकार अपना इहां समान नागरिक संहिता के लागू करे के पक्षधर बिया। मुख्यमंत्री मनोहर लाल मंत्रिमंडल के बईठक के बाद मंगर के कहलें कि समान नागरिक संहिता होखे के चाहीं। एक जइसन नागरिक संहिता ना होखला से विवाद होला। समाज में एकरूपता आ एकरसता जरूरी बा।

भोजपुरी में कहानी सुने खातिर विजिट करीं यायवारी वाया भोजपुरी ऐप

586800cookie-checkUCC Law: समान नागरिक संहिता के मुद्दा पs बैकफुट पs विपक्ष, कइयन गो दल कइलस समर्थन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.