[the_ad_group id="30365"]

मुख्यमंत्री शिवराज पेशाब कांड पीड़ित आदिवासी के गोड़ धोवलें: हाथ पकड़ के CM हाउस ले गइलें, आरती उतरलें आ बोललें- माफी मांगत बानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीधी पेशाब कांड पीड़ित आदिवासी जुवक आ ओकर परिवार बियफे के सीएम शिवराज से मिले CM हाउस पहुंचल। मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान आदिवासी दशमत के हाथ पकड़के ओकरा के भीतर ले गइलें। कुरसी पs बइठवलें। गोड़ धोवलें, आरती उतरलें आ तिलक लगवलें।

 

शॉल ओढ़ाके शिवराज ओकर सम्मान कइलें। ऊ कहलें, “एह घटना से दुखी बानी। हम रउआ से माफी मांगत बानी। रउआ जइसन लोग हमरा खातिर भगवान जइसन बा।” एह घटना के सामने अइला के बाद शिवराज कहले रहस- आरोपी के अइसन सजा मिले, जवन मिसाल बन जाव। कार्रवाई के बाद ट्वीट कइले रहस- एनएसए लगावल गइल, बुलडोजरो चलल। जरूरत पड़ल तs अपराधियन के जमीन में गाड़ दिहल जाई।

दशमत से CM बोलले- सुदामा, तुs अब हमार दोस्त

दशमत के मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान सुदामा कहलें। बोललें- दशमत तुs अब हमा दोस्त हवs। CM दशमत से कइयन विषय पs चरचा कइलें। पूछलें- का करेलs? घर चलावे के का साधन बा? कवन कवन योजना के लाभ मिल रहल बा? इहो पूछलें कि बेटी के लक्ष्मी आ पत्नी के लाड़ली बहना योजना के लाभ मिल रहल बा कि ना। CM कहलें- बेटी के पढ़इहs, बेटी आगे बढ़ रहल बाड़ी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]