Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs KUW Final: भारत सैफ चैंपियनशिप के फाइनल जीतल, कुवैत के पेनल्टी शूटआउट में 5-4 से हरवलस 

India vs Kuwait Football, SAFF Championship Final 2023: सैफ चैंपियनशिप के फाइनल में भारतीय फुटबॉल टीम कुवैत के हरा देलस। एह जीत के संगही ऊ नौवां बेर एह खिताब के अपना नामे कs लेलस। भारत पेनल्टी शूटआउट में कुवैत के 5-4 से हरवलस। बेंगलुरु के श्री कांतीरवा स्टेडियम में निर्धारित 90 मिनट तक दुनो टीम 1-1 के बराबरी पs रहल। ओकरा बाद 30 मिनट के एक्स्ट्रा टाइमो में कवनो टीम दूसरका गोल ना कs सकल। अइसन में मैच के फैसला पेनल्टी शूटआउट में भइल।

776

SAFF Championship: भारत फाइनल में कुवैत के हराके सैफ चैंपियनशिप टूर्नामेंट जीत लेले बा। ऊ नौवां बेर एह खिताब के अपना नामे कइले बा ।भारत एकरा पहिले 1993, 1997, 1999, 2005, 2009, 2011, 2015 आ 2021 में चैंपियन बनल रहे। टूर्नामेंट के 14 साल के इतिहास में भारत नव बेर चैंपियन बनल बा आ चार बार उप विजेता रहल बा।

भारत ने पेनल्टी शूटआउट में कुवैत के 5-4 से हरवलस। बेंगलुरु के श्री कांतीरवा स्टेडियम में निर्धारित 90 मिनट तक दुनो टीम 1-1 के बराबरी पs रहल। ओकरा बाद 30 मिनट के एक्स्ट्रा टाइम में कवनो टीम दूसरका गोल ना कs सकल। अइसन में मैच के फैसला पेनल्टी शूटआउट में भइल।

गुरप्रीत सिंह दिलवलें जीत

भारत के ई जीत गोलकीपर गुरप्रीत सिंह दिलवलें। ऊ पेनल्टी शूटआउट में सानदार प्रदर्शन कइलें आ कुवैत के कप्तान खालिद अल इब्राहिम के आखिरी शॉट रोक देलें। पेनल्टी शूटआउट में दुनो टीमन के पांच-पांच गोल मारे के मवका मिलेला। एमे चूके वाली टीम मैच हार जाले। निर्धारित पांच-पांच शॉट के बाद दुनो टीम चार-चार के बराबरी पs रहली सs। भारत खातिर उदांता सिंह आ कुवैत के मोहम्मद अब्दुल्ला गोल करे से चूक गइल रहे लो। चार-चार के बराबरी के बाद सडेन डेथ के बारी आइल। एमे जवन टीम गोल करे से चूकत जाले ऊ सीधे हार जाले। ओकरा दूसरका मवका ना मिलेला। सडेन डेथ में भारत खातिर नाओरेम महेश सिंह गोल कइलें। ओहिजा, कुवैत के कप्तान खालिद के शॉट भारत के गोलकीपर गुरप्रीत सिंह रोक देलें। ऊ टीम इंडिया के हीरो बन गइलें।

पेनल्टी शूटआउट में दुनो टीमन के प्रदर्शन

भारत

खिलाड़ी प्रदर्शन
सुनील छेत्री गोल
संदेश झिंगन गोल
लालियानजुआला चांगटे गोल
उदांता सिंह गोल नहीं कर पाए
सुभाशीष बोस गोल
महेश सिंह गोल

कुवैत

खिलाड़ी प्रदर्शन
मोहम्मद अब्दुल्ला गोल नहीं कर पाए
फवाज गोल
अहमद गोल
अब्दुल अजीज गोल
शबीब गोल
खालिद गोल नहीं कर पाए

खिलाड़ी लोग का कहल?

भारतीय कप्तान सुनील छेत्री, खाली ई मैच ना बलुक पूरा टूर्नामेंट सानदार रहल। पूरा टीम जबरदस्त प्रदर्शन कइल। हम एकरा से जादे ओह लोगन से कुछ आउर नइखी मांग सकत। हमनी के सात-आठ हफ्तन से एक साथे बानी सs। लगातार दुगो पेनल्टी शूटआउट में जीतल आसान ना होला।”

भारत के स्टार गोलकीपर गुरप्रीत सिंह कहलें, ”टीम के खिलाड़ी लोग सानदार प्रदर्शन कइल। एक गोल से पीछा होखला के बावजूद हमनी के वापसी कइनी सs। ऊ समय हमनी खातिर सबसे कमजोर रहे। खिलाड़ी एकरा बाद सानदार वापसी कइल लो। कुवैत के टीम 1-1 के बराबरी के बाद कवनो तरे मैच के पेनल्टी शूटआउट में ले जाइल चाहत रहे। पेनल्टी शूटआउट में सबकुछ किस्मत के हवाले होला।’

586710cookie-checkIND vs KUW Final: भारत सैफ चैंपियनशिप के फाइनल जीतल, कुवैत के पेनल्टी शूटआउट में 5-4 से हरवलस 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.