[the_ad_group id="30365"]

अमेरिका के आसमान में टकरा गइल दुगो ​विमान, दुनु पायलेटन के चल गइल जान, कई किमी दूर ले बिखरल मलबा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

अमेरिका समाचार : एक बेर फेरु से अमेरिका के आसमान में दू गो विमानन के टक्कर के घटना सामने आइल बा। एह हादसा में दू गो पायलटन के मउत हो गइल बा। ई दुर्घटना तब भइल जब अमेरिका के नेवादा राज्य के रेनो में एगो एयर शो चलत रहे। आसमान में विमानन के टक्कर एतना भयंकर रहे कि दुनो पायलट के मउत के संगे विमान के मलबा कई किलोमीटर के त्रिज्या में फैल गईल। घटना के बाद पूरा एयर शो तुरंत रद्द करे के पड़ल।

कई किलोमीटर के दायरा में पसरल मलबा

अतवार कe दिने अमेरिका के आसमान में एगो बड़हन हवाई दुर्घटना भइल। अमेरिका के नेवादा राज्य के रेनो में होखत नेशनल चैम्पियनशिप एयर रेस आ एयर शो के दौरान दू गो विमान आसमान में टकरा गइल। विमानन के टक्कर एतना भयंकर रहे कि आसपास के इलाका में करीब डेढ़ मील ले विमानन के हिस्सा बिखराइल रहे। एह विमान दुर्घटना में दुनु पायलट के जान चल गइ। . रेनो एयर रेसिंग एसोसिएशन एगो बयान जारी क कहलस कि, ‘रविवार के दुपहर करीब 2.15 बजे टी-6 गोल्ड रेस के अंत में लैंडिंग के दौरान दुगो विमान एक दूसरा से टकरा गईल। दुर्घटना में दुनो पायलट के मौत के पुष्टि हो चुकल बा।

एयर शो रद्द कs दिहल गइल

आसमान में एयर शो के दौरान स्टंट करत दुनो विमान एक दूसरा से टकरा गईले। एकरा चलते दुनो पायलट के जान चल गईल, भले ही दुनो पायलट बहुत कुशल पायलट रहले अवुरी टी-6 क्लास में स्वर्ण विजेता रहले। दुनो पायलट के परिवार के जानकारी दिहल गईल बा। दुर्घटना के बाद जल्दबाजी में एयर शो रद्द क दिहल गईल। फेडेरल एविएशन एडमिनिस्ट्रेशन के नेशनल ट्रांसपोर्टेशन सेफ्टी बोर्ड एह विमान दुर्घटना के जाँच शुरू कर दिहले बा। विमानन के मलबे के जाँच कइल जा रहल बा। जांच में दुर्घटना के कारण के पता लगावे के प्रयास कईल जाता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]