[the_ad_group id="30365"]

आसमान से बरपा कहर: बिजली गिरले से देवरिया, कुशीनगर में आठ गो के मउत; बारह गो से अधिका लोग झुलसले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रविवार के मौसम में बदलाव के चलते कुशीनगर जिला में पांच साल के मासूम बच्चा समेत पांच लोग के जान चल गईल। जिला के पचफेड़ा गांव के खास टोला के मंजू, सुभावती अवुरी हदीशुन बकरी चरावे गईल रहले। बरखा से बचे खातिर तीनों एक संगे घर के ओर चले लगले। बिजली गिरला से तीनों के मउत हो गईल

कप्तानगंज इलाका में विवेक विश्वकर्मा के पांच साल के बेटा के बिजली गिरला से मउत हो गईल। तरयासुजान इलाका के गंडक में नहाए गइल मिथलेश के उपर बिजली गिर गइल। एही तरे देवरिया में भी बिजली गिरला से तीन लोग के जान चल गईल।

सलेमपुर के कल्याणी गांव निवासी संदीप यादव (20) फसल के सिंचाई करत रहे। दुपहरिया एक बजे के आसपास बिजली गिरला से जान चल गइल। एकौना के हड़हा गांव में पेड़ के नीचे बईठल पंकज यादव (20 साल) के मउत हो गईल, जबकि 11 जने जने झुलस गईले।

बड़हज के बारा दीक्षित में बिजली गिरला से प्रहलाद सोनकर (16) के भी मउत हो गईल। प्रहलाद के मउत के जानकारी मिलते गोरखपुर मेडिकल कॉलेज में भर्ती उनुकर बड़ पिता शीतल सोनकर (72 साल) के सदमा से मउत हो गईल।

सीएम शोक जतवले, 4-4 लाख रुपिया के सहायता

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कुशीनगर जिला में बिजली गिरला से जान गँवावे पs दुख जतवले बाड़न। उ तुरंत लाख रुपिया के राहत राशि बांटे के निर्देश देले बाड़े। मरेवाला के शोक संतप्त परिवार के प्रति शोक संवेदना जतावल गईल बा। एकरा अलावे आपदा से घायल लोग के उचित इलाज करावे के निर्देश भी दिहल गईल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]