Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जम्मू कश्मीर के राजोरी में सेना के गोलीबारी में दू स्थानीय नागरिकन के मौत, विरोध-प्रदर्शन शुरू

299

जम्मू संभाग के जिला राजोरी में दू स्थानीय नागरिकन के मौत होखले के खबर बा। सेना के शिविर के लग्गे संदिग्ध गतिविधि देखले के बाद सैनिक लोग गोली चलावल, जेमें दू लोग मारल गइलें। जबकि एगो आदमी घायल हो गइलें। बतावल जा रहल बा कि दूनों स्थानीय नागरिक बानें। एके लेकर क्षेत्र में तनाव के स्थिति बन गइल बा। खिसियाइल लोग हाईवे जाम क के सेना के विरोध में प्रदर्शन शुरू कs दिहले बा।

शुरुआती जांच में सोझे आइल बा कि सेना के एगो संतरी सुक्क के बिहाने कथित तौर पर गोलीबारी कइलें। अधिकारियन के कहनाम बा कि पीड़ित जौन कथित तौर पर सेना के साथ कुली के रूप में काम करत रहनें लोग, भोरे करीब 6.15 बजे ऊ एगो सैन्य शिविर के अल्फा गेट के लग्गे आवत रहनें लोग, एही दौरान उनका पर गोलीबारी कइल गइल।

अधिकारियन के कहनाम बा कि राजौरी के रहे वाले शलिंदर कुमार अउर कमल किशोर के गोलीबारी में मौत हो गइल, जबकि एगो दूसर आदमी घायल हो गइलें। गोलीबारी के वजह अभिनो पता नइखे चल पावले। इलाका में स्थिति तनावपूर्ण बा अउर खिसियाइल लोग सेना के शिविर पs पथराव कs दिहल। एकरे बाद हाईवे भी जाम कर दिहले बा। प्रदर्शनकारी मृतकन के परिवार खातिर 10-10 लाख के मुआवजा, संगल-संबंधियन के नौकरी, लइकन खातिर मुफ्त शिक्षा के सथही मामिला में एफआईआर दर्ज करे के मांग कs रहल बा।

14 दिसंबर के संदिग्ध देखल गइले पर चलावल गइल रहे तलाशी अभियान

एहसे पहिले राजोरी के मुरादपुर में बुध के सेना अउर पुलिस के ओर से संदिग्ध दिखले पर तलाशी अभियान चलावल गइल रहे। स्थानीय लोग पुलिस के बतावल कि सुबह करीब 5 बजे कान्ह पर बैग लटकवले दू अजनबी लोग उनके दुआर पs आ के दरवाजा खोले खातिर कहे लगे।

ऊ आसपास के लोग के फोन कइलें अउर हल्ला-गुल्ला शुरू कs दिहलें, जेकरे बाद दूनों अजनबी फरार हो गइलें, लेकिन तत्काल सेना अउर पुलिस पूरा इलाका के घेराबंदी कsके सर्च ऑपरेशन शुरू कइलें। करीब 6 घंटा ले सेना ऊ पुलिस चप्पा-चप्पा खंगरलें, लेकिन कौनो सफलता हाथ नाइ लागल।

411660cookie-checkजम्मू कश्मीर के राजोरी में सेना के गोलीबारी में दू स्थानीय नागरिकन के मौत, विरोध-प्रदर्शन शुरू

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.