[the_ad_group id="30365"]

Joint Military Exercise: आज से भारत-नेपाल करी संयुक्त सैन्य प्रशिक्षण अभ्यास, सेना के बीचे संबंध होई मजबूत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ नेपाल दुनो देस के सेना के बीचे दोस्ताना संबंध के आउर मजबूत करे खातिर सुक से 16वां संयुक्त सैन्य प्रशिक्षण अभ्यास ‘सूर्य किरण’ के आयोजन होई। ई अभ्यास भारत-नेपाल सीमा के लगे रूपनदेही के सालझंडी में होई। नेपाल-भारत सीमा के लगे रूपनदेही के सालझंडी में होखे वाला सैन्य अभ्यास में भाग लेवे खातिर भारतीय सेना के एगो दल बुध के नेपाल पहुंचल। काठमांडो इस्थित भारतीय दूतावास ट्वीट कइलस कि भारतीय सेना के दल 16वां भारत-नेपाल सैन्य अभ्यास ‘सूर्य किरण’ में हिस्सा लेवे खातिर नेपाल के सालझंडी पहुंच गइल बा।

ई अभ्यास पेशेवर अनुभवन के आपस में साझा करे आ दुनो देसन के सेना के बीच दोस्ती के मजबूत बनावे के लिहाज से एगो प्रतिमान हs। एकरा पहिले एह अभ्यास के 15वां संस्करण के आयोजन पिथौरागढ़ में कइल गइल रहे। जेमे दुनो देसन के 650 सैनिक हिस्सा लेले रहे लो। नेपाली सेना आपन दल ओमे हिस्सा लेवे खातिर भेजले रहे।

सूर्य किरण अभ्यास हर साल नेपाल आ भारत में आयोजित कइल जाला। नेपाल के सेना के प्रवक्ता नारायण सिलवाल कहलें कि 16वां सूर्य किरण अभ्यास दु हफ्ता चली। सिलवाल कहलें कि ई एगो अनुभव साझा करे वाला कार्यक्रम बा, जवन आपसी संबंधन के मजबूत करे में मदद करेला। एह तरह के अभ्यास के दौरान, दुनो देस के सेना के अनुभव आ कौशल साझा करे के अवसर मिली, जवन पेशेवर दक्षता बढ़ावे में मदद करेला।

भारतीय सेनाध्यक्ष मनोज पांडे पिछला सितंबर में नेपाल के यात्रा कइले रहस। एह यात्रा के दौरान जनरल पांडे के राष्ट्रपति बिद्या देवी भंडारी नेपाली सेना के जनरल के मानद उपाधि प्रदान कs के सम्मानित कइले रहली। नेपाल आ भारत के बीच 1850 किलोमीटर लमहर सीमा बा जवन सिक्किम, पश्चिम बंगाल, बिहार, उत्तर प्रदेश आ उत्तराखंड से होके गुजरेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]