[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बड़ हादसा: गोरखनाथ ओवर ब्रिज पर बेकाबू कार मजदूरन के कचरलस, दू मजदूरन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर शहर के गोरखनाथ ओवरब्रिज पs मंगर के देर रात बेकाबू कार  फुटपाथ पर सूतल रहल तीन मजदूरन के कचर दिहलस। हादसा के बाद रेलिंग से टकरा के तेज रफ्तार कार ओवरब्रिज पर पलट गइल। गंभीर स्थिति में मजदूरन के पुलिस जिला अस्पताल ले गइल जहवां डॉक्टर दू मजदूरन के मृत घोषित कs दिहलें। देवरिया जिला के रहे वाले मजदूर के स्थिति गंभीर बा। पुलिस नेपाल से आ रहल कार सवार चार युवक लोग के हिरासत में ले लिहले बा।

बतावल जा रहल बा कि मंगलवार के रात 1.30 बजे महराजगंज के तरफ से आ रहल तेज रफ्तार कार गोरखनाथ ओवरब्रिज मोड़ पर अनियंत्रित हो के रेलिंग से टकरइला के बाद फुटपाथ पर सूतल रहल मजदूरन के कचरत बीच सड़क पर पलट गइल। हादसा में देवरिया जिला के रामपुर कारखाना क्षेत्र के विशुनपुरा गांव निवासी 30 वर्षीय उमेश मौर्य अउरी 50 बरिस के दू दूसर मजदूर घायल हो गइलें।

आए जाए वालन के सूचना देहले पर पहुंचल कोतवाली अउरी गोरखनाथ थाना पुलिस घायलन के जिला अस्पताल ले गइल। हादसा के बाद कार में फंसल महराजगंज जिला के बृजमनगंज थाना क्षेत्र के सहजनवा बाबू गांव निवासी पितांबर शर्मा, रामू ठाकुर, सुधीर अउर अमरजीत प्रजापति के बाहर निकललस।
मामूली रूप से घायल कार सवार युवकन के प्राथमिक उपचार के बाद छुट्टी मिल गइल। कोतवाली पुलिस उनके हिरासत में लेके पूछताछ कर रहल बा।
सीओ कोतवाली रत्नेश्वर सिंह बतवलें कि हादसा में मरे वालन के पहचान नाइ हो पवलें बा। दुर्घटनाग्रस्त कार के हटा के आवागमन शुरू करा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]