[the_ad_group id="30365"]

Lucknow: लखनऊ के ग्रैविटी कोचिंग सेंटर में लागल आग, दूसरा मंजिल पs फंस गइल बच्चे लो, भगदड़ मचल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजधानी लखनऊ के हजरतगंज स्थित होटल लेवाना सुइट्स में लागल भीषण आग के बाद मंगर के ग्रैविटी कोचिंग सेंटर में आग लाग गइल। जवना समय हादसा भइल दूसरा मंजिल पs क्लास चलत रहे आ इहां करीब 100 छात्र-छात्रा मवजूद रहे लो।

बतावल जा रहल बा कि मंगर दुपहरिया करीब 12 बजे बिजली के पैनल में धमाका भइल आ आग लाग गइल। आग लगते भगदड़ मच गइल। बिल्डिंग के सीढ़ी एतना संकरा रहे कि ज्यादातर बच्चा ऊपरे फंस गइल लो। सूचना मिलला पs पहुंचल दमकल गाड़ियन से कवनो तरे बच्चन के बाहर निकाल के ओह लो के जान बचावल गइल।

घटना के जानकारी पs लखनऊ पुलिस कमिश्नर एसबी शिरडकर घटनास्थल पs पहुंचले आ बिल्डिंग कर निरीक्षण कइला के बाद मीडिया से कहले कि बिल्डिंग के निर्माण कमर्शियल यूज के लिहाज से नइखे कइल गइल। अग्निशमन के कवनो इंतजामो नइखे कइल गइल। बिल्डिंग के सील कइल जाई।

ऊ बतवले कि बिल्डिंग में छोट-छोट कमरन में क्लास चल रहल बा। खिड़कियन आ एमरजेंसी एक्जिटो नइखे। ऊ शहर में संचालित हो रहल बा शैक्षिक संस्थानन के जांच के निरदेस देले बाड़ें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]