[the_ad_group id="30365"]

पटाखा फैक्टरी के गोदाम में लागल भीषण आग, महिला समेत 30 मजदूर लोग भाग के बचावल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के बिजनौर आजु बिहाने एगो बड़ हादसा होखले से टल गइल। इहां नहटौर-मुकर्रमपुर मार्ग पर गांव मुकर्रमपुर के लग्गे एगो पटाखा फैक्ट्री के गोदाम मे आग लग गइल। काम कर रहल मजदून मे हड़कंप मच गइल। आग लगले के दौरान फैक्टरी से मजदूर लोग भाग के जान बचावल।

जानकारी के अनुसार नहटौर-मुकर्रमपुर मार्ग पs पटाखा फैक्टरी में गांव के ही तकरीबन एक दर्जन महिला अउरी पुरुष समेत 30 मजदूर आतिशबाजी के सामान बनावेने। बुध के बिहाने फैक्टरी के भीतर बनल गोदाम में पटाखा रखले के दौरान आग लाग गइल। आग लगतही धमाका के साथ ऊंच लपट उठे लागल।

आग लगते ही काम कर रहे मजदूर बाहर भागल लोग, उहवें कुछ मजदूर लोग पानी के पाइप से आग बुतवले के प्रयास कइलस। सूचना पs फायर ब्रिगेड के टीम भी मौके पs पहुंचल अउरी कई घंटा बाद मशक्कत के बाद आग पs काबू पावल गइल। उहवें सूचना पs पुलिस मौका पर पहुंचल अउर घटना के जानकारी लिहलें।

पुलिस के अनुसार फैक्टरी में गांव के ही तकरीबन 30 मजदूर काम करत रहलें। फैक्टरी के लाईसेंस धारको मौका पर ही मौजूद रहल। ओसे पूछताछ कइल जा रहल बा। आग के कारन के अभिन पता नाइ चल सकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]