[the_ad_group id="30365"]

एलईडी डिस्प्ले वाली हीरो के दू इलेक्ट्रिक साइकिल भइल लॉन्च, जानीं रेंज, फीचर्स अउर कीमत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हीरो साइकिल्स के ई-साइकिल ब्रांड Hero Lectro (हीरो लेक्ट्रो) दू GEMTEC-पावर्ड मॉडल – H3 और H5 लॉन्च कइले बा। Hero Lectro H3 इलेक्ट्रिक साइकिल के कीमत 27,499 रुपये अउर Hero Lectro H5 के कीमत 28,499 रुपया बा।

रंग

Hero Lectro H3 दू रंगों- ब्लिसफुल ब्लैक-ग्रीन अउर ब्लेजिंग ब्लैक-रेड में उपलब्ध बा, जबकि H5 ग्रूवी ग्रीन अउर ग्लोरियस ग्रे में आवतिया।

डिजाइन

नयका हीरो लेक्ट्रो ई-साइकिल में मजबूत अउर हलुक मैटिरियल (GEMTEC) के इस्तेमाल करत एगो नई राइड ज्योमेट्री अउर स्मार्ट फिट एर्गोनॉमिक्स मिलsला, जेके हीरो साइकिल्स के आरएंडडी सेंटर में डिजाइन अउर विकसित कइल गइल बा।

ई बा खूबी

ई पहिला बेर इलेक्ट्रिक साइकिल खरीदे वाले ग्राहकन के लुभावे के मकसद से उतारल गइल बा। ई ई-साइकिल सवार के आसान एक्सेस चार्जिंग पोर्ट, एगो हाई-परफॉर्मेंस कुशल कार्बन स्टील फ्रेम, अउर सब मौसम में उपयोग खातिर एगो IP67-रेटेड वाटरप्रूफ इन-ट्यूब ली-आयन बैटरी सहित ढेर सारा फीचर्स के संगे इलेक्ट्रिक मोबिलिटी पs स्विच करे खातिर प्रोत्साहित करेले। H3 अउर H5 डुअल डिस्क ब्रेक के संगे आवेले।

स्पीड अउर रेंज

नयका Hero Lectro H3 अउर H5 ई-साइकिल में एक एलईडी डिस्प्ले बा अउर ई 250W बीएलडीसी रियर हब मोटर द्वारा चलतिया जौन अधिकतम 25 किमी प्रति घंटा के रफ्तार पकड़ सकsतिया। एकरे अलावा, एगो IP67 ली-आयन 5.8Ah इंट्यूब बैटरी बा जौन 4 घंटा में पूरा तरह से चार्ज हो जाले अउर 30 किमी के रेंज देले।

इहां मिल रहल बा

एह नयका GEMTEC ई-साइकिल के कंपनी के D2C वेबसाइट के साथ-साथ हीरो लेक्ट्रो के 600 से ज्यादा डीलरन के नेटवर्क, ई-कॉमर्स चैनलों अउर दिल्ली, कोलकाता अउर चेन्नई में स्पेशल एक्सपीरियंस सेंटर के जरिए खरीदल जा सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]