Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Apple के बड़ फैसला, USB-C पोर्ट के साथ लॉन्च होई नयका आईफोन

892

लमहर विरोध के बाद आखिरकार एपल USB-C चार्जिंग पोर्ट के स्वीकार क लिहले बा। एपल कहले बा कि आवे वाले आईफोन टाईप-सी पोर्ट के साथ आई। अइसे में उम्मीद कइल जा रहल बा कि iPhone 15 या 16 सीरीज के टाईप-सी चार्जिंग पोर्ट के साथ पेस कइल जाई।

एकर जानकारी एपल के मार्केटिंग हेड Greg Joswiak एगो प्रेस कॉन्फ्रेंस में दीहले बानें। आईफोन खातिर यूएसबी-सी पर स्विच करे के एपल के योजना के बारे में पूछले पर, जोस्विआक कहलें, जाहिर बा, हमनीके एकर पालन करे के होई, हमनीके लग्गे कौनो विकल्प नाइ बा। बता देईं कि यूरोपियन यूनियन 2024 से सब डिवाइस में टाईप-सी पोर्ट देहले के आदेश दिहले बानें।

Joswiak इहो कहलें कि खाली यूरोपियन यूनियन वाले देश में ही नाइ, बलुक दुनिया के तमाम देश में बिके वाले आईफोन भी USB-C पोर्ट वाला होई। अइसन में भारतीय बाजार खातिर एपल के बड़ बदलाव नाइ करे के होई, काहेसेकि भारत सरकार भी कॉमन चार्जर पर विचार कs रहल बा।

फिलहाल एपल के आईफोन अउर आईपैड लाइटनिंग पोर्ट के साथ आवsला जौन कि एपल के एक्सक्लूसिव पोर्ट ह। एपल के अलावा कौनो अन्य कंपनी एह चार्जिंग पोर्ट के इस्तेमाल नाइ करेले। हालही में लॉन्च भइल आईफोन 14 सीरीज के संगे टाईप-सी पोर्ट के उम्मीद कइल गइल रहे लेकिन अइसन नाइ हो सकल।

365410cookie-checkApple के बड़ फैसला, USB-C पोर्ट के साथ लॉन्च होई नयका आईफोन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.