[the_ad_group id="30365"]

बड़ डिस्प्ले अउर कॉलिंग फीचर के संगे Fire-Boltt के नयका वॉच भारत में लॉन्च

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू कंपनी फायरबोल्ट अपने नयका स्मार्टवॉच Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के लॉन्च कs दिहले बानें। Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के बिक्री भी देश में शुरू हो गइल बा। Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के संगे ब्लूटूथ कॉलिंग मिलsला। एकरे अलावा एह वॉच के संगे 1.83 इंच के HD डिस्प्ले मिलsता। एह वॉच के संगे 100 स्पोर्ट्स मोड भी मिलेने अउर कई सारा हेल्थ फीचर्स मिली।

Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के वॉटर रेसिस्टेंट खातिर IP67 के रेटिंग मिलल बा अउर बैटरी लाइफ के ले के 6 दिन के बैकअप के दावा बा। Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के कीमत 1,999 रुपया रखल गइल बा अउर एके अमेजन से खरीदल जा सकsता। एह वॉच के ब्लैक, ब्लैक गोल्ड, पिंक अउर नेवी ब्लू कलर में खरीदल जा सकेला।

Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के स्पेसिफिकेशन

Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus में 1.83 इंच के HD डिस्प्ले दीहल गइल बा जेकर रिजॉल्यूशन 240×284 पिक्सल बा। वॉच के संगे ब्लूटूथ कॉलिंग मिली। एकरे खातिर वॉच में इनबिल्ट स्पीकर अउर माइक्रोफोन दिहल गइल बा। एकरे संगे वॉयस असिस्टेंट के भी सपोर्ट मिलsता।

Ninja Call Pro Plus के संगे 100 से अधिक सपोर्ट्स मोड मिली जेमें साइकलिंग, रनिंग आदि शामिल बा। हेल्थ फीचर्स के तौर पर पीरियड ट्रैकर के संगे हार्ट रेट ट्रैकर, ब्लड ऑक्सीजन ट्रैकर आदि मिलेने।

कंपनी Fire-Boltt Ninja Call Pro Plus के बैटरी के ले के नॉर्मल यूज में 6 दिन के अउर 15 दिन के स्टैंडबाय टाइम के दावा कइल गइल बा। वॉच के जरिए फोन के कैमरा भी कंट्रोल कइल जा सकsता। एहमें इनबिल्ट गेम भी दिहल गइल बा अउर ई वॉच IP67 वॉटर रेसिस्टेंट रेटिंग के संगे आवेली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]