[the_ad_group id="30365"]

जिला अस्पताल के दू डायलिसिस मशीन खराब, बढ़ल मुश्किल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला अस्पताल के डायलिसिस यूनिट में लागल दस में से दू डायलिसिस मशीन खराब हो गइल रहे। एकरे चलते मरीजन के डायलिसिस के समस्या अउर बढ़ गइल बा। एसे पहिले जहां दस मशीन से 40 मरीजन के डायलिसिस होत रहे, अब खाली आठ मशीन से 32 मरीजन के डायलिसिस होला, अभिन कुछ दिन पहिलही डीएम निरीक्षण के दौरान मरीजन के अधिक संख्या के जानकारी होखले पर तीन के बजाय चार शिफ्ट में डायलिसिस करे के निर्देश दिहले रहनें।
जिला अस्पताल में डायलिसिस यूनिट के स्थापना एक नवंबर, 2018 के भइल रहे।

डीसीडीसी हेल्थ सर्विस प्राइवेट लिमिटेड, दिल्ली के तरफ से संचालित एह यूनिट में दस मशीन लागल रहे। तीन शिफ्ट में एह यूनिट में किडनी के रोगियन के डायलिसिस होत रहल, लेकिन पिछले सप्ताह इनकर निरीक्षण करे पहुंचल डीएम रमेश रंजन प्रतीक्षा सूची में मरीजन के अधिक संख्या के देखत चार शिफ्ट में डायलिसिस करे के निर्देश दिहले रहनें। ओ समय 133 मरीज प्रतीक्षा सूची में रहनें।

डीएम के निर्देश पर इहां चार शिफ्ट में डायलिसिस शुरू कs दीहल गइल रहे। हालांकि, प्रतीक्षा सूची में शामिल अभिन कुछुए मरीजन के चौथे शिफ्ट में लिहल गइल बा। एक तरफ शिफ्ट बढ़ा के मरीजन के परेशानी कम करे के कोशिश कइल जा रहल बा, लेकिन दूसरे ओर दू मशीन खराब हो गइल बा। एह वजह से डायलिसिस में फेर परेशानी ठढ़ा हो गइल बा।

डायलिसिस यूनिट के सेंटर इंचार्ज मोहम्मद कैश बतवलें कि दू डायलिसिस मशीनन के खराब होखले के सूचना ऊ सेवा प्रदाता कंपनी के दे दिहले बानें। सुक्क के एके ठीक करावे के बारे में बतावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]