[the_ad_group id="30365"]

कैंट स्टेशन से चली वाराणसी अउर बिहार के सब ट्रेन, अप्रैल ले काम हो जाई पूरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कैंट स्टेशन से अप्रैल से बिहार अउर वाराणसी खातिर पैसेंजर अउर इंटरसिटी जइसन ट्रेन चले लागी। कैंट के सेटेलाइट स्टेशन के रूप विकसित करे के काम अब अंतिम चरण में बा। दू गो नयका लाइन बिछवले के काम अंतिम चरण में बा, जबकि एगो नयका प्लेटफॉर्म बन के तैयार बा। 15 फरवरी से सिग्नल खातिर इंटरलॉकिंग अउर नॉन इंटरलॉकिंग के काम शुरू होई, जौन एक महीना में पूरा हो जाई।
कैंट स्टेशन के भवन बन के तैयार हो गइल बा, जेमें शौचालय, टिकट घर, पूछताछ केंद्र, विश्रामालय भी बा। सीसी रोड बन गइल बा। फुट ओवर ब्रिज के कामो अंतिम चरण में बा। एकरे अलावा, पुरान तीन लाइन पर प्लेटफॉर्म के विस्तार कइल गइल बा ताकि, एक्सप्रेस ट्रेन के खड़ा करने में दिक्कत न आवे।
पहिले से मौजूद फुट ओवर ब्रिज के बढ़ा के अब प्लेटफॉर्म एक से पांच तक कइल जा रहल बा। करीब 70 फीसदी काम हो चुकल बा। कोच में पानी भरे के व्यवस्था सुनिश्चित करे खातिर कोच वाटरिंग सिस्टम के निर्माण हो रहल बा।

ई फायदा होई

  • कैंट स्टेशन से ट्रेन के संचालन शुरू होई।
  • पैसेंजर, इंटरसिटी, डेमू अउर मेमू ट्रेन लेट नाइ होई।
  • स्टेशन पर यात्रियन के आधुनिक सुविधा मिली।
  • गोरखपुर जंक्शन पर ट्रेन के लोड कम होई।
  • ट्रेन आउटर पर नाइ रोकल जाई।

पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह कहनें कि गोरखपुर रेलवे स्टेशन से हो के जाए वाले ट्रेनन के संख्या विगत बरिस में बढ़ल बा। एके ध्यान में रख के गोरखपुर कैंट के सैटेलाइट स्टेशन के रूप में विकसित कइल जा रहल बा। एह स्टेशन पर सब आधुनिक सुविधा भी प्रदान कइल जा रहल बा, जेसे आवे वाले समय में कुछ ट्रेनन के गोरखपुर कैंट रेलवे स्टेशन से चलावल जा सके।

अभिन हो रहल बा एकर निर्माण कार्य

  • 600 मीटर ले प्लेटफॉर्म चार अउर पांच के लंबाई।
  • सभी प्लेटफॉर्म पर शेड निर्माण।
  • नयका फुट ओवर ब्रिज के निर्माण
  • पुरान फुट ओवर ब्रिज के विस्तार।
  • दो नयका प्लेटफॉर्म के निर्माण।
  • पे एंड यूज टॉयलेट।
  • सर्कुलेटिंग एरिया में पार्किंग, रैंप निर्माण।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]