[the_ad_group id="30365"]

वरिष्ठ पत्रकार रवीश कुमार NDTV से देलें इस्तीफा, मैग्सेसे पुरस्कार से हो चुकल बाड़ें सम्मानित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाचार चैनल एनडीटीवी के वरिष्ठ कार्यकारी संपादक रवीश कुमार ने बुध के अपना पद से इस्तीफा दे देलें। रवीश कुमार एनडीटीवी (हिंदी) के सबसे लोकप्रिय चेहरन में शुमार कइल जाले। पत्रकारिता जगत में अपना जोगदान खातिर रवीश कुमार साल 2019 में रेमन मैग्सेसे पुरस्कार से सम्मानित कइल जा चुकल बाड़ें। एकरा अलावे उनका के दु बेर रामनाथ गोयनका उत्कृष्टता पुरस्कार से नवाजल गइल। हिन्दी पत्रकारिता के बहुते लोकप्रिय पत्रकार रविश कुमार अपना कार्यकाल के दौरान कइयन गो प्रोग्राम होस्ट कइलें, जेमे हम लोग, रवीश की रिपोर्ट, देश की बात आ प्राइम टाइम सामिल बा।

एनडीटीवी समूह के अध्यक्ष सुपर्णा सिंह संस्थान के वरिष्ठ संपादक के इस्तीफा के लेकर कहली ‘रवीश कुमार जइसन लोगन के प्रभावित करे वाला पत्रकार विरले होला लो। ई उनजा बारे में लोगन के प्रतिक्रिया में लउकेला।’ सुपर्णा सिंह मीडिया समूह के भेजल आंतरिक ईमेल में कहलीं, ‘रवीश कुमार दशकन से एनडीटीवी के एगो अभिन्न हिस्सा रहल बाड़ें। उनकर जोगदान बहुत जादे रहल बा आ हमनी के जानत बानी सs कि ऊ अपना नयको पारी में बहुते सफल होइहें।’

रवीश कुमार एनडीटीवी इंडिया के सबसे चर्चित चेहरन में से एगो रहस। अपना रिपोर्ट्न में ऊ बेरोज़गारी, शिक्षा आ सांप्रदायिकता जइसन मुद्दा उठावत रहल बाड़ें। समाचार पत्र ‘द इंडियन एक्सप्रेस’ साल 2016 में उनका के ‘100 सबसे प्रभावशाली भारतीयन’ के अपना लिस्ट में सामिल कइले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]