[the_ad_group id="30365"]

मशरक मे दु दिन के प्रखंड स्तरीय तरंग स्पोर्ट्स प्रतियोगिता के भइल सुभ उद्घाटन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेन्द्र कुमार सिंह: कला संस्कृति युवा विभाग आ शिक्षा विभाग द्वारा आयोजित प्रखंड स्तरीय तरंग स्पोर्ट्स उत्सव के उद्घाटन मशरक प्रखंड के अरना पंचायत अंतर्गत उत्क्रमित मध्य विद्यालय छपिया छाप के परिसर में सुक के प्रखंड प्रमुख रविप्रकाश सिंह मंटू खेल मैदान के पूजन कs के कइलें। ओहिजा पूजा के बाद आयोजन समिति के अध्यक्ष मशरक बीडीओ मो. आसिफ, उपाध्यक्ष थानाध्यक्ष मशरक रितेश कुमार मिश्र, चिकित्सा पदाधिकारी मशरक, सचिव प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी डॉ वीणा कुमारी संयुक्त रूप से फीता काट उद्धघाटन कइल लोग।

प्राथमिक शिक्षक संघ के प्रखंड अध्यक्ष संतोष कुमार सिंह आगत अतिथि लोगन के अंगवस्त्र आ फूल माला देके स्वागत कइलें। मवका पर बीआरसी के रहमत अली मंसूरी, विद्यालय प्रधान अभय किशोर, अजीत कुमार सिंह, प्रमोद कुमार उपाध्याय, चंदन सिंह सहित आउर अतिथियन के संगे खिलाड़ियन से परिचय प्राप्त कइलें। खेल के संचालन संयोजक संजय कुमार सिंह कइलें। ओहिजा रेफरी के रूप में कौशलेंद्र पाठक, संजय कुमार, मोहन साह, सत्यप्रकाश कुमार, नितेश कुमार सिंह, हरेंद्र कुमार मैच के संचालन कइल लोग।

प्रोजेक्ट कन्या उच्च विद्यालय के टीम बनल विजेता

कबड्डी बालिका वर्ग में प्रोजेक्ट कन्या उच्च विद्यालय के टीम विजेता आ राजकीय कृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक के टीम उपविजेता भइल। बालक वर्ग में अवध उच्च विद्यालय चैनपुर विजेता आ राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक उपविजेता बनल। ओहिजा बालिका खो-खो में राजकीयकृत उच्चतर माध्यमिक विद्यालय मशरक विजेता जबकि अवध उच्च विद्यालय चैनपुर उपविजेता बनल। मैच में प्लस टू उच्च विद्यालय बहुआरा मठ, अपग्रेड प्लस टू स्कूल गंडामन आ उमावि छपिया के टीमो बेहतर प्रदर्शन कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]