[the_ad_group id="30365"]

आईआईटी बीएचयू चार खेलन में मरलस बाजी, क्वार्टर फाइनल में पहुंचल टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंतर आईआईटी खेलकूद प्रतियोगिता में बीएचयू आईआईटी के टीम चार खेलन में शानदार प्रदर्शन कs के अगिला राउंड में चहुँप गइल। आईआईटी बीएचयू के स्पोर्ट्स काउंसलर डॉ. सतीश कनौजिया बतवलें कि 14 से 22 दिसंबर ले आईआईटी रुड़की में आयोजित 55वीं अंतर आईआईटी खेलकूद प्रतियोगिता के तीसरे दिन चार खेलों के लीग मैच में जीत दर्ज क के अगिले चरण में पहुंचल।

आईआईटी बीएचयू हॉकी में आईआईटी हैदाराबाद के 3-0 से हरवलस। पहिला गोल आईआईटी बीएचयू के जे श्रीराम, दूसरा गोल राहुल अउर तीसरा गोल रघुबीर दगलें। क्रिकेट मैच में आईआईटी धनबाद के 39 रन से हरवलें। पहिले बल्लेबाजी करत आईआईटी बीएचयू के खिलाड़ी 18 ओवर में नौ विकेट के नुकसान पs 124 रन के लक्ष्य रखलें। मुकाबले में उतरल आईआईटी धनबाद के टीम 16.4 ओवर में 85 रन बना के ही ढेर हो गइल। वालीबॉल में आईआईटी बीएचयू के टीम आईआईटी पल्लकड़ के तीन सेट में 25-13, 25-11 और 25-9 के स्कोर से हरवलस। स्क्वैश में आईआईटी मंडी के हरा के क्वार्टर फाइनल में पहुंच गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]