[the_ad_group id="30365"]

मशरक में मेघा तरंग स्पोर्ट्स प्रतियोगिता के तइयारी पूरी, नौ आ दस दिसंबर के होई प्रतियोगिता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: मशरक में बिहार सरकार के आदेसानुसार तरंग मेघा स्पॉट्स उत्सव प्रतियोगिता के तइयारी जोर सोर से चल रहल बा। सब विद्यालयन में शिक्षक लोग आपन स्कूली छात्र/ छात्रा लोगन के अभ्यास करावत रहे लो। जवना के खातिर प्रखंड स्तर पर फिजिकल शिक्षकन सहित प्रतियोगिता करावे वाला सदस्यन के कमिटी द्वारा निर्णय लिहल गइल बा।

उच्च विद्यालय के छात्र/ छात्रा लोगन के नौ दिसंबर आ मध्य विद्यालय के छात्र /छात्रा लोगन के दस दिसंबर के अरना पंचायत के उत्क्रमित मध्य विद्यालय छपिया छाप खेल मैदान में फाइनल प्रतियोगिता करावे के निर्णय कमिटी द्वारा लिहल गइल बा।

ओहिजा खेल मैदान के निरीक्षण प्रखंड शिक्षा पदाधिकारी डॉक्टर वीणा कुमारी खेल मैदान के स्थल पर पहुंच गहनता से कइली। मवका पर रहमत अली, रामाशंकर सहनी, कौशलेंद्र कुमार सहित आउर शिक्षक मवजूद रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]