[the_ad_group id="30365"]

पाकिस्तान के फायरिंग में दुगो BSF जवान घायल: 2021 के शांति समझौता के बाद पहिला बेर सीजफायर तुड़लस, जम्मू के अरनिया सेक्टर में भइल घटना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत-पाकिस्तान बॉर्डर पs मंगर के पाक रेंजर्स के तरफ से फायरिंग कइल गइल। जेमे दुगो BSF जवान घायल हो गइल लो। BSF (बॉर्डर सिक्योरिटी फोर्स) पीआरओ के मोताबिक, ई घटना इंटरनेशनल बॉर्डर पs सबेरे 8:15 बजे के हs। घायल BSF जवानन के अस्पताल में एडमिट करावल गइल बा।

एकरा बाद अरनिया सेक्टर में तैनात भारतीय जवान जवाबी फायरिंग कइल लो। 2021 दुनों देसन के बीच भइल शांति समझौता के बाद सीज फायर उल्लंघन के ई पहिला घटना हs।

बिजली के खंभा पs चढ़के लाइट ठीक करत रहे लो जवान, तबे गोली लागल 

सेना के अधिकारी लोग बतावल, BSF के दु गो जवान बिजली के खंभा में चढ़के लाइट ठीक करत रहे लो तबे पाकिस्तानी रेंजर्स गोली चला देलें। ई इलाका बॉर्डर से करीब 60 मीटर आ सीमा चौकी विक्रम से करीब 1500 मीटर के दूरी पs बा।

भारत-पाकिस्तान के बीच 2021 में युद्धविराम के समझौता भइल 

भारत आ पाकिस्तान 25 फरवरी, 2021 के युद्धविराम समझौता पs हस्ताक्षर कइले रहे। दुनो देस घोषणा कइलस कि ऊ जम्मू-कश्मीर आ आउर क्षेत्रन में नियंत्रण रेखा (LOC) पs युद्धविराम पs सब समझौतन के सख्ती से पालन करे। तब इस्लामाबाद आ नई दिल्ली में जारी एगो संयुक्त बयान में एकर ऐलान कइल गइल रहे।

पाकिस्तान कब-कब कइलस युद्धविराम के उल्लंघन

भारत आ पाकिस्तान सुरुआत में 2003 में युद्धविराम समझौता पs हस्ताक्षर कइले रहे, बाकिर पाकिस्तान समझौता के उल्लंघन करत आइल बा। 2020 में 5,000 से जादे बेर गोलीबारी के घटना भइल जवन एक साल में सबसे जादे रहे।

2021 में युद्धविराम के घोषणा से पहिले, पाकिस्तान LOC आ इंटरनेशनल बॉर्डर पs गोलाबारी कइले रहे, जवना से भारत में बॉर्डर के लगे के स्कूलन, स्वास्थ्य केंद्रन आ धार्मिक स्थानन के नुकसान पहुंचल रहे।

2018-2020 में पाकिस्तान 10,752 बेर सीजफायर 

फरवरी 2021 में लोकसभा में एगो प्रश्न के लिखित उत्तर में, केंद्रीय गृह राज्य मंत्री जी किशन रेड्डी कहलें कि 2018, 2019 आ 2020 में पाकिस्तान के संगे भारत के सीमा पs संघर्ष विराम उल्लंघन के कुल 10,752 ममिला भइल रहे। जेमे 364 सुरक्षाकर्मी आ 341 नागरिक घायल भइल रहे लो।

भारत-पाकिस्तान के बीच 3,323 KM लमहर बॉर्डर

भारत-पाकिस्तान के बीच 3,323 किलोमीटर लमहर बॉर्डर बा जेमे से 221 किलोमीटर अंतरराष्ट्रीय सीमा आ 740 किलोमीटर एलओसी जम्मू-कश्मीर में आवेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]